कोरोना से आउर १२ जने के मृत्यु, मृतक के संख्या ५०० से बेसी

काठमाण्डु १४ कुवार
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से पिछिलका २४ घण्टा मे १२ जने के मृत्यु भईल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय आ प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्रालयसब से मिलल तथ्यांक मुताविक काठमाण्डु आ रुपन्देही के तीन–तीन जने, सुनसरी के दु, मोरङ, सप्तरी, कपिलवस्तु आ बाँके के एक–एक जने के मृत्यु भईल बा । एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या ५०० से बेसी पुगल बा ।
बुध के दिने नियमित प्रेस ब्रिफिङ के समय मे स्वास्थ्य मन्त्रालय मृतक के संख्या ४९८ कहले बा । एमे रुपन्देही के दु, कपिलवस्तु, सुनसरी आ बाँके के एक÷एक जने के तथ्यांक समावेश करेके बाँकी बा । ई जोडला पर मृतक के संख्या ५०३ होखी ।
ढुंगेधारा, काठमाण्डु के ३४ बरीस के जनानी के मंगर से त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । कुवार ४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ श्वासप्रश्वास मे समस्या अईला के बाद १२ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।
काठमाण्डु के ५४ बरीस के पुरुष के बुध के दिने त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । ६ कुवार मे कोरोना ंसंक्रमण पुष्टि भईल उ निमोनिया भईला के बाद बुध के दिने हि अस्पताल भर्ना भईल रहलन ।
महिपी, काठमाण्डु के ८६ बरीस के जनानी के मंगर के दिने शुक्रराज ट्रपिकल अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । भादो २९ गते अस्पताल भर्ना भईल उ श्वासप्रश्वास के समस्या से पीडित रहनी ।
ओमसतिया गाँवपालिका–१, रुपन्देही के ८५ बरीस के पुरुष के मंगर के दिने मृत्यु भईल बा । ७ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उनका स्वास्थ्य समस्या भईला के बाद लुम्बिनी प्रादेशिक अस्पताल पुगावल रहे । माकिर अस्पताल पुगला पर मृत्यु भइल उनकर मुटु, मिर्गौला आ फोक्सो के समस्या रहे ।
बुटवल उपमहानगरपालिका–१०, रुपन्देही के ७६ बरीस के पुरुष के मंगर के दिने युनिभर्सल मेडिकल कलेज भैरहवा मे मृत्यु भईल बा ।
१२ कुवार मे खुदे घेँट रेतके आत्महत्या के प्रयास कईला पर घायल भईल उनकर ईलाज के समय मे पीसीआर टेष्ट कईला पर कोरोना भाइरस के संक्रमण देखल गईल रहे ।
देवदह नगरपालिका–११, रुपन्देही के ५५ बरीस के पुरुष के बुध के दिने कोरोना विशेष अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईला के बाद ११ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनकर मिर्गौला मे समस्या भी देखल गईल रहे ।
इटहरी उपमहानगरपालिका–५, सुनसरी के ७३ बरीस के पुरुष के बुध के दिने कोशी अस्पताल कोभिड–१९ ईलाज केन्द्र मे मृत्यु भईल बा । कोरोना पुष्टि भईला सँगे श्वासप्रश्वास मे समस्या बढल उनका के बुध के दिने हि अस्पताल भर्ना कईल रहे ।
हरिनगर गाँवपालिका–२, सुनसरी के ५० बरीस के पुरुष के बुध के दिने नोबेल शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद ९ कुवार मे अस्पताल मे भर्ना भईल उनका कोरोना संक्रमण भईल सोमार के दिने पुष्टि भईल रहे ।
जहदा गाँवपालिका–६, मोरङ के ६० बरीस के पुरुष के बुध के दिने कोशी अस्पताल कोभिड–१९ ईलाज केन्द्र मे मृत्यु भईल बा । कुवार ४ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका श्वासप्रश्वास, उच्च रक्तचाप, मधुमेह, मोटोपना के पुराना समस्या रहे ।
राजविराज नगरपालिका–४, सप्तरी के ३९ बरीस के पुरुष के बुध के दिने बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, धरान मे मृत्यु भईल बा । एहितरे बीपी प्रतिष्ठान मे उ मधुमेह, उच्च रक्तचाप आ मिर्गौला सम्बन्धी बेमारी से पीडित रहनी ।
बुद्धभूमि नगरपालिका–१, कपिलवस्तु के ५० बरीस के जनानी के बुध के दिने भैरहवा मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद ५ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उ निमोनिया आ मुटु के दीर्घरोगी भी रहनी ।
नेपालगञ्ज उपमहानगरपालिका–१, बाँके के ३५ बरीस के जनानी के बुध के दिने भेरी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । स्वास्थ्य मे समस्या होके २ कुवार मे अस्पताल पुगल उ मधुमेह, हाइपोथाइराडिजम आ उच्च उक्तचाप के मरेजी रहनी ।






