अपहरण तथा शरीर बन्धक मुद्दा के फरार प्रतिवादी पकडईलें

वीरगंज १६ कुवार

अपहरण तथा शरीर बन्धक मुद्दा के फरार एक प्रतिवादी के पर्सा पुलीस पकडले बा ।

पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–२९ बससिडल्वा के ४० बरीस के रामबाबु महतो रहल बाडन ।

पर्सा जिल्ला अदालत अपहरण तथा शरीर बन्धक मुद्दा मे ०७३ साल माघ १३ गते ८ बरीस कैद आ ६० हजार जरीवाना के फैसला सुनवले रहे ।

गाँव मे लुका के रहल अवस्था मे श्रीपुर से खटल पुलीस के टोली उनका के बियफे के दिने पकडले बा ।

पकडाईल महत्तो के जरुरी अनुसन्धान आ कारबाही के खातिर म्याद थप करे खातिर शुक के दिने जिल्ला अदालत पर्सा मे पेश कईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।