३ गो सखुवा के गुलिया सहित २ जने पकडईलें

मेघराज राय
जीराभवानी १७ कुवार
पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. २ गोडपसरा लगे से बनगस्ति टोली ३ गो सखुवा के गुलिया सहित २ जने के पकडले बा ।
राष्ट्रिय बन से चोरी तस्करी करके लिया रहल अवस्था मे सब डिभिजन बन कार्यालय बडनिहार से सुबेदार रामआशिष राउत कुर्मी के नेतृत्व मे खटल गस्ति टोलि सखुवा के काँच लकडी सहित २ जने के पकडले बा ।
साइकिल मे लकडी लिया रहल अवस्था मे बागवाना के ३२ बरीस के धर्मदेव माझी आ उहे जगहा के ३० बरीस के गजेन्द्र माझि के पकडले बा ।
एहितरे पर्सागढी नगरपालिका वार्ड न. २ बागवाना से उहे टोली २ गो सखुवा के गुलिया सहित १ गो साइकल बरामद कईले बा । पकडाईल दुनु जने के जरुरी कारवाही के खातिर सब डिबिजन बन कार्यालय बडनिहार मे राखल सुबेदार कुर्मी बतवनी ।






