लोकराज अवस्थी के संयोजकत्व मे अनलाइन पत्रकार सञ्जाल नेपाल गठन

वीरगंज १८ कुवार

स्वरोजगार अनलाइन मिडिया मे कार्यरत प्रकाशक आ पत्रकारलोग के व्यवसायिक हकहित के खातिर क्रियाशील रहेके उदेश्य से अनलाइन पत्रकार संजाल नेपाल (ओजोन) के गठन भईल बा ।

अनलाइन पत्रकारिता के व्यवसायिक गुणस्तर आ क्षमता अभिबृद्धि के खातिर पहल करेके उदेश्य लेके आजु सञ्जाल के समन्वय समिति के गठन भईल बा ।

आजभोली डट कम के प्रकाशक सम्पादक लोकराज अवस्थी के संयोजकत्व मे १३ सदस्यीय संयोजन समिति के गठन कईल बा ।

एहितरे सदस्यलोग मे शिवराज योगी, पदम राज जोशी, शिवराज खड्का, माधवप्रसाद घिमिरे, निरोज तोलाङे, हरिवहादुर परियार, सरिता तिमल्सिना पंगेनी, विष्णु प्रसाद बेल्वासे, गोपाल वराइली, मीन वम, कमला हमाल आ श्रवण प्रसाद साह रहल बाडन ।

संजाल देशभर अनलाइन पत्रकारिता के व्यवसायिक गुणस्तर आ क्षमता अभिबृद्धि के खातिर पहल करेके, सूचना प्रविधि के क्षेत्र मे आईल नविनतम प्रविधि के प्रयोग मे पत्रकारलोग के अभ्यस्त करावे खातिर पहल करेके, अनलाइन पत्रपत्रिका दर्ता, नविकरण तथा आवद्धता करावेके काम मे सरकारी तह मे होखेवाला जरुरी कानूनी झण्झट, झमेला के सहजिकरण करे खातिर पहल करेके आ अनलाइन सञ्चारमाध्यम के खातिर न्यायोचित रुप मे विज्ञापन वितरण के खातिर पहल करेके उदेश्य संस्था लेहले बा ।

देशभर दर्ता भईल स्वरोजगार अनलाइन मिडिया मे कार्यरत पत्रकार, सञ्चारकर्मी के एक सूत्र मे बाँन्ह के उलोग के क्षमता अभिवृद्धि करेके, अनलाइन सञ्चार क्षेत्र मे आबद्ध कराके ब्यवसायिक पत्रकारिता के खातिर पहल आ पैरवी करेके संयोजक अवस्थी जानकारी देहनी ।

उ कउनो संस्था फुट के नयाँ संस्था स्थापना ना करके ई विशुद्ध नेपाली अनलाइन पत्रकारिता के ब्यवसायिक रूप से अगाडि बढावे खातिर पत्रकार के क्षमता, स्तर आ अनुभव के राष्ट्रियकरण करत नेपाल आ नेपालीलोग के हित मे काम करे खातिर ‘ओजोन’ के स्थापना भईल बतवनी ।

‘देशभर के सभी अनलाइन पत्रकारलोग, अनलाइन पत्रकारिता से सम्वन्धित संघ संस्थासब सभी के ओजोन स्वागत करत बा आ पत्रकार आ पत्रकारिता के हित के खातिर ई महान अभियान मे सहभागी होखे खातिर आ सहकार्य करे खातिर सभी मे निहोरा करत बानी,’ संयोजक अवस्थी कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।