सचेत नागरीक समाज सुरक्षा प्रमुख लोग के कईलख समान

प्रभु यादव
बारा १८ कुवार
बारा के सदरमुकाम कलैया मे सचेत नागरीक समाज बारा सुरक्ष प्रमुख लोग के समान कईले बा । एभरेष्ट लौज के सभा हल मे सशस्त्र प्रहरी प्रदेश के डिआईजी कृष्णभक्त ब्रह्मचार्य, बारा के सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक रविनराज कर्णजीत, नेपाल प्रहरी के बारा प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी आ डिएसपी गौतम मिश्र के एक कार्जक्रम के विच समान कईले बा ।
समान ग्रहण करत सशस्त्र प्रहरी प्रदेश २ के डिआईजी ब्रह्मचार्य प्रदेश नम्वर २ के आठु जिल्ला के सिमाना मे पुग के सुरक्षा जवान लोग से आ जनता से सचेत आ सजग होखे खातिर निहोरा कईले बानी ।
जनता से आपन आवश्यकता के पहिचान कर के नेपाल के सिमाना भितर से ही समान खरिद करे के सचेतना देहत तस्करी रोके खातिर प्रयास करहल डिआईजी कहनी ।
मानव जीवन मे जन्म लेहले बानी त सचेत होके सघर्ष कर के जीवन विताई कहनी । बारमबार सिमानाका मे पुग के जनता के सचेत होखे खातिर प्रयास कररहल बानी डिआईजी ब्रह्मचार्य जानकारी करवले बानी ।
जब तक जनता मे त्याग ना होई तब तक सचेत ना बन सकत बा समाज डिआईजी सुझाव देहनी ।
नेपाल प्रहरी के बारा प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी शान्ति सुरक्षा, तस्करी नियुनिकरण, जनता के आईल सुनवाई कईला से आपना सम्मान मिलल कहनी ।
काम करेमे कही ना कही कुछ गलती होखेला जवना के सुझाव सल्लाह आईला पर सँचिया के अगाडि बढेके काम करहल जनकारी करावले बानी ।
बारा जिल्ला मे झै–झगडा मे सब से पहिले दोषी ही अगाडि आवेला जवना के बात सुनेके पडेला पछाडी से पिडित आवेला अनुसन्धान करे मे बहुत कठिना होखेला अभि तक सजग होके काम करत आरहल बानी प्रहरी उपरिक्षक पंगेनी कहनी ।
सचेत नागरिक समाज बारा के आयोजना मे भईल कार्जक्रम के अध्यक्षता समाज के अध्यक्ष जयमगल ठाकुर कईले रहनी आ स्वागत समाज के संरक्षक जंगबहादुर यादव कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे देवेन्द्र गिरी समाज मे भाषा के ज्ञान के सम्बन्ध मे प्रकाश परले रहनी जवना मे समाज के सदस्य लोग, अगुवा बुद्धिजिवी, पत्रकार लगायत के सहभागीता रहल कार्जक्रम के सञ्चालन राबमबाबु कुशवाहा कईले रहनी ।






