नेशनल मेडिकल कलेज मे पीसीआर प्रयोगशाला के उदघाटन

वीरगंज १९ कुवार
नेशनल मेडिकल कलेज तथा शिक्षण अस्पताल वीरगंज आजु से आपन पीसीआर प्रयोगशाला सञ्चालन मे लिआईल बा । नेशनल मेडिकल कलेज शिक्षण अस्पताल मे पीसीआर प्रयोगशाला उदघाटन भईल बा ।
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आस्मान तामाङ आजु एगो समारोह के बिच प्रयोगशाला के उदघाटन कईले बानी । २४ घण्टे सेवा देवेवाला उ प्रयोगशाला से सरकार से तोकल शुल्क मे निजी क्षेत्र से पीसीआर परिक्षण करेके जनावल गईल बा ।
एक सिफट मे ९६ गो नमुना परीक्षण करेवाला प्रयोगशाला ४ घण्टा भितर रिपोर्ट देवेके अस्पताल के चेयरमैन डा. जैनुदिन अंसारी बतवनी ।
‘प्रयोगशाला २४ घण्टा काम करी, सबेरे ७ बजे आईल नमुना के रिपोर्ट सबेरे ११ बजे तक आई’, नेशनल मेडिकल कलेज के अध्यक्ष डा. अन्सारी कहनी, ‘वितल समय मे वीरगंज मे पीसीआर रिपोर्ट के कमी मे मरेजी के ईलाज मे अस्पताल भर्ना ना होके मृत्यु होखेके समस्या अब समाधान होखी ।
प्रयोगशाला से जजलदी रिपोर्ट देहला पर पर्सा, बारा आ रौतहट के मरेजीलोग के खुसी के बात भईल अस्पताल के निर्देशक डा प्रमोद सर्राफ बतवनी ।
उ अवसर मे नेशनल मेडिकल कलेज प्रशासन प्रमुख आविद हसैन, प्रिन्सिपल केएन सिंह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






