बारा मे नेपाल–भारत के सुरक्षा अधिकारी बीच छलफल

बारा १९ कुवार
सीमा क्षेत्र मे होखेवाला अपराध नियन्त्रण, अवैध हाथ हथियार तथा बन्दोबस्ती के ओसार पसार नियन्त्रण तथा भारत के बिहार मे होखे लागल विधान सभा निर्वाचन लगायत के विषय मे नेपाल आ भारत के सीमा सुरक्षा अधिकारीलोग बीच छलफल भईल बा ।
चितवन के प्रमुख जिल्ला अधिकारी नारायण प्रसाद भटराई आ भारत के बिहार प्रदेश पूर्वी चम्पारण के डिष्ट्रिक्ट मजिस्ट्रेट (डीएम) सीशर्त कपिल अशोक के अगुवाइ मे बारा के कलैया मे एतवार के दिने दुनु देश के सुरक्षा अधिकारीबीच छलफल भईल बा ।
बईठक मे सीमा क्षेत्र मे होखेवाला अपराध नियन्त्रण करके शान्ति सुव्यवस्था कायम करेके, अवैध हाथ हथियार तथा बन्दोबस्ती के ओसारपसार नियन्त्रण, अपराध नियन्त्रण के खातिर जरुरी सूचनासब के आदान प्रदान करेके, चोरी निकासी एवं तस्करी नियन्त्रण करेके, कोभिड १९ नियन्त्रण के खातिर चालल असल अभ्याससब के आदान प्रदान करके सामूहिक रुप मे अगाडि बढेके लगायत के विषय मे छलफल भईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।
एहितरे बईठक मे आवेवाला नोभेम्बर मे बिहार मे होखे लागल विधान सभा निर्वाचन के स्वच्छ एवं मर्यादित रुप मे पुरा करे खातिर तीन दिन बोर्डर सिल करके, यातायात आ आदमी के आवागमन बन्द करेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।
उ समय नेपाल के नवलपरासी से रौतहट तक के सीमा क्षेत्र मे ७२ घण्टा सिल करेके निर्णय कईल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आसमान तामाङ बतवनी ।
‘मुख्य विषय त स्टेट एसेम्बली के निर्वाचन लक्षित सुरक्षा के विषय हि रहे ।
७२ घण्टा सीमा सिल करेके निर्णय भईल बा,’ प्रजिअ तामाङ कहनीे, ‘उ बाहेक क्रस बोर्डर क्राइम के कईसे नियन्त्रण करेके, सूचना आदान प्रदान के बारे मे छलफल कईले बानी ।
सीमा क्षेत्र मे नक्कली रोपेया के कारोबार, लागूऔषध तथा हाथहथियार के ओसारपसार, मानव बेचबिखन जईसन अवैध क्रियाकलाप होते आईल बा ।
‘सीमा वारपार होखेवाला सभी किसिम के अवैध तथा आपराधिक क्रियाकलाप के निस्तेज करे खातिर सहकार्य करेके सहमति भईल बा ।’ प्रजिअ तामाङ बतवनी ।
भारत से अवैध रुप मे छोटा हथियार तथा लागूऔषध नेपाल अईला पर नेपाल के सीमावर्ती क्षेत्र असुरक्षित हो रहल बा कहके सवाल मे डीएम कुन्दन कुमार नेपाली पक्ष सरकार से किटान करके समस्या के बारे मे बतईला पर समाधान करे सकेके बतवनी ।
बईठक मे भारत के विहार राज्य के पूर्वी आ पश्चिम चम्पारण जिल्ला के २३ जने सुरक्षा अधिकारीलोग आ बारा, पर्सा, रौतहट, चितवन, पूर्व आ पश्चिम नवलपरासी के प्रमुख जिल्ला अधिकारी तथा सुरक्षा प्रमुखलोग करके २६ जने के सहभागीता रहल रहे ।





