जगरनाथपुर मे ३५ जने कईलें खुनदान

वीरगंज १९ कुवार
“हरेक स्वस्थ युवा, युवतीलोग के आपन १८ वाँ बरीस के शुभजन्मोत्सव सँगे खुनदान के शुभारम्भ करीं” कहके मुल नारा के साथ वीरगंज के जगरनाथपुर मे खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
पशुपति अन्नपूर्णा आश्रम केन्द्रिय समिति काठमाण्डु आ पशुपति अन्नपूर्णा आश्रम जिल्ला धार्मिक तथा युवा समिति पर्सा के आयोजना मे आजु वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २२ जगरनाथपुर मे खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
वीरगंज–२२ जगरनाथपुर के बौद्धिमाई मन्दिर परिसर मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे २ जनानी सहित ३५ जने खुनदान कईल आयोजक समिति जनवले बा ।
कार्जक्रम मे आयुस देवी, सुगान्धि देवी, महेश पटेल, मनोज गिरी, लक्षुमण साह कानु, हिमाञ्चल चौरसिया, सुरेश पटेल, कमलेश साह, राजेश पटेल, रबिन्द्र पटेल, अजय चौरसिया लगायत के लोग खुनदान कईल आयोजक समिति के राजेश पटेल बतवनी ।
पुन्काल साह कानु के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि पशुपति अन्नपूर्णा आश्रम के केन्द्रिय अध्यक्ष के.बी सम्राट, विशेष अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय कुमार सरावगी, एहितरे वीरगंज मनपा. वार्ड नं. २२ के वार्ड अध्यक्ष ग्यासुदिन मियाँ, धार्मिक युवा समिति के अध्यक्ष सुरेश पटेल, उपाध्यक्ष शिवशंकर प्रसाद कुर्मी लगायत के विशेष उपस्थिति रहल रहे ।
कार्जक्रम के सहजीकरण धार्मिक युवा समिति के सचिव राजेश पटेल कईले रहनी ।
एहितरे खुनदान कार्जक्रम के बाद उहे जगहा मे पशुपति अन्नपूर्णा पर्सा जिल्ला धार्मिक समिति के पदाधिकारी तथा सदस्यलोग के सपथ ग्रहण एक समारोह के बिच पुरा भईल बा ।
धार्मिक समिति के अध्यक्ष मनोज कुमार गिरी, सचिव राजेश पटेल, कोषाध्यक्ष लक्षुमण साह लगायत के आश्रम के केन्द्रिय अध्यक्ष के.बी सम्राट पद तथा गोपनियता के सपथ करावल सचिव पटेल बतवनी ।






