थुनामुक्त करा देवेके कहत पईसा असुली करेवाला नक्कली डीएसपी पकडईलें

जनकपुरधाम २० कुवार

पिछिलका समय बलात्कार के घट्ना बहुते बढल बा । बलात्कार के आरोप लागल कुछ आदमीसब पकडाईल बाडन आ कैयन के गाँव के लोग हि उन्मुक्ति देरहल मिलल बा ।

कुछ बलात्कारी पीडित के लोभ आ दबाव देरहल घट्ना भी बारम्बार सार्वजनिक होखे लागल बा । इहे बिच मे पकडाईल बलात्कारी के छोडा देवेके कहत रोपेया ठगी करेवाला आदमी पकडाईल बाडन ।

बलात्कार आरोप मे पकड के पूर्पक्ष के खातिर सिराहा कारागार के थुना मे रहल सिराहा के बरियारपट्टी गाँवपालिका–४ के २३ बरीस के शिवकुमार साह के छोडा देवेके नाम मे ठगी करेवाला आदमी पकडाईल बाडन ।

पुलीस के मुताविक साह के छोडा देवेके नाम मे शिव के भाई मुकेश से रु ३५ हजार लेवेके अर्नामा गाँवपालिका के मोहम्द जाबीर के पकडल गईल बा ।

सिराहा पुलीस के प्रबक्ता शालिग्राम पौडेल ३० बरीस के जाबिर खुद नेपाल पुलीस के डीएसपी हई आ मुद्दा फाँट मे काम कर रहला से बलात्कार आरोपी के छोडावे के आश्वासन देके रोपेया लेहल मिलल बा ।

‘बलात्कार आरोपी के छोडावे के कहत झुठा लोभ देखाके पीडक परिवार से ३५ हजार रोपेया लेहल मिलला के बाद जाबिर के बितल कुवार १८ गते नियन्त्रण मे लेहल गईल बा’ कहत पौडेले, “उनका के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के नियन्त्रण मे लेके ठगी शिर्षक मे मुद्दा चलावल गईल बा ।” उनका बारेमे आउर अनुसन्धान हो रहल पौडेल बतवले बानी ।

सिराहा के बिष्णुपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ मे बितल कुवार १६ गते मात्र एक जने बलात्कारी आरोपी के ५÷५ लाख के २ गो तमसुक बनाके उन्मुक्ति देवेवाला किसिम से पञ्चायती मे निर्णय कईल रहे । उ जानकारी मिलला के बाद पुलीस बलात्कार आरोपी आ आउर ८ जने पञ्च के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।