बारा मे १४७ किलो गाँजा बरामद

प्रभु यादव

बारा २१ कुवार

बारा से पुलीस १४७ किलो गाँजा सहित ट्रक नियन्त्रण मे लेहले बा । उत्तर से दक्षिण वीरगंज ओरी आ रहल ना ७ ख ९५५४ नम्बर के ट्रक से गाँजा बरामद भईल बा । ट्रक के पछाडि ७ गो पोका मे १४७ किलो गाँजा बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय जीतपुर कार्यालय अगाडि हि चेकजाँच करत रहे । चेकजाँच के समय मे ३ गो ट्रक के पछाडि के ट्रक मे सम्बन्धित आदमी ना मिलला के बाद चेकजाँच कईला पर गाँजा मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

‘प्रहरी कार्यालय अगाडी हि चेक प्वाईन्ट रहे, पछाडि गाजा लेके आ रहल ट्रक भी लाइन मे रुकल रहे, फिर्ता करेके ना मिलला के बाद चालक सहित के आदमी गाडी छोड के भागल बाडन ।’ डिएसपी मिश्र कहनी कि ‘चेकजाँच के समय मे १ सय ४७ किलो गाजा मिलल बा ।’

गाँजा के कहाँ से लिआईल बा ? कहाँ लेजाए लागल बा ? कुछो खुले ना सकल पुलीस जनवले बा । पुलीस ट्रक धनी आ चालक के खोजी कर रहल बा । गाँजा सहित के ट्रक के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे राखल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।