बिन्दवासिनी गाँवपालिका मे १ सय ५ सदस्यीय युवा सञ्जाल गठन

वीरगंज २१ कुवार

पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका मे १ सय ५ सदस्यीय युवा सञ्जाल समिति आजु एगो कार्जक्रम के बीच गठन कईल बा ।

रविन्द्र कुमार दास के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे स्थानीय युवा नेता मधुसुदन चौरसिया के संयोजकत्व मे १ सय ५ सदस्यीय युवा सञ्जाल समिति गठन कईल बा ।

गाँवपालिका मे होखेवाला भ्रष्टाचार, अनियमित्ता तथा विकृति विरुद्ध आवाज उठावेके आ बिकास निर्माण के गतिविधिसब मे सम्बन्धित निकाय के ध्यानाकर्षण करावे के अभिप्राय से समिति गठन कईल संयोजक चौरसिया बतवनी ।

ग्रामिण क्षेत्र मे होखेवाला अनेकन सामाजिक गतिविधि मे सक्रियता के साथ लागेके युवालोग के एकता के बाद गाँवपालिका मे कुछे भईला पर भी बदलाव आवेके आसा स्थानीय कईले बाडन ।

युवा सञ्जाल मार्फत अब गाँवपालिका मे शैक्षिक, स्वास्थ्य लगायत के क्षेत्र के सुधार तथा विकास निर्माण के कामसब के निरन्तरता मे बिशेष ध्यान देवेके सञ्जाल के सदस्यलोग बतवले बाडन ।

कार्जक्रम मे युवा नेता अमित यादब, स्थानीय प्रभु चौरसिया, शिववालक दास, योग्यराज यादब, जिउना चौरसिया, जहिर आलम, सद्धाम हुसैन, ओमप्रकाश साह लगायत के सहभागीता रहल रह । कार्जक्रम के सहजिकरण स्थानीय युवा सुनिल दास कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।