डाक्टर केसी के समर्थन मे नारायणी अस्पताल मे धर्ना

वीरगंज २२ कुवार

चिकित्सा शिक्षा सुधार के माग करत अनशन मे बईठल डाक्टर गोविन्द केसी के सर्मथन मे आजु भी आन्दोलन भईल बा ।

डाक्टर केसी के जीवन रक्षा के माग करत चिकित्सकलोग आन्दोलित भईल बाडन । नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी शाखा नारायणी अस्पताल मे दु घण्टा धर्ना देहले बा ।

जायज माग पूरा कर, प्राध्यापक डाक्टर केसी के जीवन रक्षा कर लगायत के नारा लिखल ब्यानर सहित संघ मे आवद्ध डाक्टरलोग धर्ना मे बईठल रहलन ।

डाक्टर केसी से राखल जायज माग पूरा करे खातिर सरकार के दबाब देवेके उद्देश्य से धर्ना मे बईठल शाखा सचिव उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।

देश बनाएम कहके कुर्सी मे गईल नेतालोग डाक्टर केसी के माग के वेवास्ता कईल दुःखद भईल चिकित्सकलोग के कहनाम बा ।

दिनके दु बजे से कार्यालय अगाडि हि रिले अनसन बईठल संघ के नारायणी शाखा जनवले बा । संघ के अध्यक्ष अरुण संघ सरकार से जलदी से जलदी डाक्टर गोविन्द केसी से उठावल माग पुरा करेके बात मे जोड देहनी ।

चिकित्सक संघ नारायणी के पूर्वअध्यक्ष डाक्टर जगदिश अग्रवाल डाक्टर कसी निमुखा जनता के खातिर अनसन मे रहला पर भी सरकार बेवास्ता कईल दुःखद भईल बतवनी ।

‘डाक्टर गोविन्द केसी जईसन आदमी देश मे कमे जनमेलन, जे आपन स्वार्थ से उपर रहके काम करेलन,’ कहत उ, ‘डाक्टर केसी आपना खातिर कुछ नइखी करत, निमुखा जनता के खातिर अनसनरत बानी । माकिर सरकार गम्भीर नइखे भईल ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।