ठोरी गाँवपालिका मे सहकारी संजाल गठन

मेघराज राय
जीराभवानी २४ कुवार,
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे रहल सहकारीसब के आजु संजाल गठन भईल बा ।
ठोरी गापा कार्यालय घ्याङ्डाडा मे ठोरी मे क्रियाशिल सहकारी संस्था के प्रतिनिधि सहभागी बईठक से अस्ट बहादुर लोप्चन के संयोजकत्व मे संजाल गठन कईले बा ।
गापा के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत कृष्णलाल श्रेष्ठ के प्रमुख आतिथ्यता मे पुरा भईल बईठक से लोप्चन के संयोजकत्व मे ९ सदस्यीय संजाल गठन कईल बईठक मे सहभागी सहकारीकर्मी नरेश जयसवाल जानकारी देहनी ।
ठोरी मे क्रियाशिल सहकारी के सुधार मे भुमिका खेलेके उद्देश्य के साथ गठन भईल संजाल के सचिव मे सागर लामा, सदस्यलोग मे धना पंडित, कलावती नेउपाने, मणी घिमिरे आ बुद्धलाल पाख्रीन सर्वसम्मत चयन भईल बानी ।
एहितरे बईठक से कमल राणा, पन्नालाल बिष्ट आ जगेन्द्र पौडेल भी सर्वसम्मत से चयन भईल जयसवाल जानकारी देहनी ।




