एके दिन ५ हजार ८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

काठमाण्डु २४ कुवार
शनिचर के दिने अभी तक के बेसी पाँच हजार से बेसी मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक देशभर के प्रयोगशाला मे १९ हजार ३२० नमुना परीक्षण कईल रहे ।
ओमे १८२३ जनानी आ ३१८५ पुरुष करके ५००८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । शनिचर के दिने संक्रमण दर २५.९२ प्रतिशत बा ।
नयाँ संक्रमि मेसे आधा से बेसी काठमाण्डु उपत्यका के बाडन । उपत्यका के २६७२ संक्रमित थपाईल बाडन, जउना मेसे काठमाण्डु जिल्ला के २१००, ललितपुर के ३६९ आ भक्तपुर के २०३ जने बाडन ।
एहितरे मोरङ के ३६९ जने, सुनसरी के ३९४, रुपन्देही के २१५, चितवन के १४७, सुर्खेत के १३४, दाङ के ९३ संक्रमित थपाईल बाडन ।
तनहुँ के ५५, मकवानपुर के ५४, कास्की के ५१, झापा आ सिन्धुली के ४८÷४८ जने, बाँके के ४५, प्युठान के ४२, नुवाकोट के ४०, धादिङ के ३८, पाल्पा के ३७, पर्सा आ नवलपुर के ३६÷३६ जने, काभ्रे आ कैलाली के ३५÷३५ जने, नवलपरासी के ३१, गोरखा २५, सर्लाही १९ तथा सिराहा आ कञ्चनपुर के १८÷१८ जने मे संक्रमण देखल गईल बा ।
रौतहट के १७ जने, बाग्लुङ आ सल्यान के १२÷१२ जने, धनकुटा, धनुषा, महोत्तरी, आ रुकुम पश्चिम के ११÷११ जने, बारा, दैलेख आ बझाङ के १०÷१० जने, संखुवासभा के ९, दोलखा, जुम्ला आ बैतडी के ८÷८ जने,म्याग्दी स्याङ्जा के ७÷७ जने, उदपयुर, सप्तरी, सिन्धुपाल्चोक, बर्दिया आ अछाम के ६÷६ जने, ओखलढुंगा, रामेछाप आ रोल्पा के ५÷५ जने, इलाम, डडेलधुरा आ डोटी के ४÷४ जने, खोटाङ, भोजपुर, रसुवा, पर्वत आ दार्चला के ३÷३ जने, लमजुङ आ रुकुम पूर्व २÷२ जने तथा ताप्लेजुङ, तेह्रथुम आ कालीकोट के १÷१ जने मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
३० हजार से बढल सक्रिय संक्रमित
नेपाल मे कुल संक्रमित के संख्या एक लाख ५ हजार ६८४ पुगल बा ।
उलोग मेसे ६१४ जने के मृत्यु भईल बा आ ७४ हजार २५२ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन । पिछिलाक २४ घण्टा मे मात्र १२२९ जने संक्रमणमुक्त भईल मन्त्रालय जनवले बा ।
देशभर ३० हजार ८१८ संक्रिय संक्रमित बाडन । १७ हजार १६४ जने होम आ १३ हजार ६५४ संस्थागत आइसोलेसन मे बाडन । उलोग मेसे ३२१ जने के आईसीयू आ ७७ जने के भेन्टिलेटर मे ईलाज हो रहल बा ।





