वालिका दिवस के अवसर मे दिप प्रज्वलन

प्रभु यादव

बारा २५ कुवार

बारा के सदरमुकाम कलैया के भरत चौक पर अन्तर्राष्ट्रिय बालिका दिवस २०२० के अवसर मे दिप जलावल गईल बा ।

जनजागरण युवा क्लव कलैया के आयोजना मे युनिसेफ, कलैया उपमहानगरपालिका आ महागढीमाई नगरपालिका के सहकार्य मे सँझिया ६ः३० बजे दिप जलावल गईल बा ।

आयोजक संस्था के अध्यक्ष भैयाराम यादव के अगुवाई मे भईल कार्जक्रम मे महिला सञ्जाल के बारा अध्यक्ष बबिता जयसवाल, जनजागरण युवा क्लव के उपाध्यक्ष राजदेव साह, कोषाध्यक्ष सियाराम यादव, कार्जक्रम संयोजक श्रीनिवास बैठा, सुरेन्द्र चौरसिया, इश्वरी यादव लगायत के लोग लईकी के भेदभाव ना कर के लईका सरह शिक्षा देवे के आ रक्षा करे के सल्लाह सुझाव देहले रहनी ।

कार्यक्रम के सहभागी लोग आ–आपन विचार राखत हरेक दिन लइकी सब के हिंसा मे बढोतरी होरहल समस्या के समाधान करे खातिर समाज से विशेष ध्यानअकार्षण करावे खातिर लागे के परी कहत ओमे सब जगह से जोरदेवे के कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।