मोटरसाईकल लडला से तीन जने घायल

प्रभु यादव

बारा २६ कुवार

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर ४ आ ६ के साझा रास्ता हुलाकी राजमार्ग मे दु गो मोटरसाईकल एकआपस मे लडला से तीन जने घायल भईल बाडन ।

सोमार के बिहानीया ११ बजे के समय मे कलैया से बरियारपुर ओर जारहल ज ५ प ९३९८ नम्बर मोटरसाइकल आ बरियारपुर से कलैया तर्फ आरहल ना २३ प ९५ नम्बर के मोटरसाइकल एकआपस मे लडला से ३ जने घायल भईल बारा प्रहरी जानकारी करावले बा ।

ज ५ प ९३९८ नम्बर के चालक जिल्ला सर्लाही बरहतवा के अमित श्रीवास्तव के मुर मे चोट लाग आ ना २३ प ९५ नम्बर के मोटरसाइकल चालक बारा के आदर्शकोतवाल गाउँपालिका वडा नम्बर १ के जितेन्द्र कुशवाहा अउर मोटरसाइकल मे सवार बाबुलाल महतो घायल भईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

जितेन्द्र कुशवाहा के मुड के पछाडि ओर फुटल बा आ बाबुलाला महतो के मसड मे आ गोड मे चोट लागल बा उ लोग के उपचार के खातिर बिरगंज पठावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनकारी करावले बा ।

प्रहरी प्रबक्ता गौतम मिश्र दुनु मोटरसाइकल प्रहरी चौकी बसपार्क के नियन्त्रण मे रखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।