पर्सा मे भारतीय जनानी के हत्या, प्रेमी पकडईलें

वीरगंज २७ कुवार

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका–४ मे कुवार २१ गते सबेरे ११ः २० बजे एक जनानी के लास मिलल रहे । स्थानीय गंगोला नदी के पानी मे करिब ४० बरीस के जनानी के लास छताईल अवस्था मे मिलल रहे ।

हाथ गोड कपडा से बान्हल, घेंट मे डोरी से बान्हल आ आँख मे कपडा लपेटल अवस्था मे पुलीस के लास मिलल रहे । माकिर लास के सनाखत होखे ना सकल रहे । पुलीस उ दिन घटनास्थल लास जाँच मुचुल्का कईलख । लास पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल पठावल गईल ।

लास पहिचान करेके समय मे एक युवती सम्पर्क मे अईली । उ भारत उत्तर प्रदेश जिल्ला थाना रामकोला ग्राम सुरजपट्टी रहेवाला १८ बरीस के तरन्नु खातुन रहनी । उ लास आपन माई के ह कहके सनाखत कइनी । ओकरा बाद पुलीस मृतक जनानी ४० बरीस के रेहाना कहेवाला मैरुन नेसा रहल पत्ता लगवलख ।

बेटी से पुछपाछ कईला पर उनका बहुते बात जानकारी ना रहे । माकिर माई के मकवानपुर के हेटौंडा ओरी रहेवाला कउनो लकडा से सम्बन्ध रहल जानकारी उ देहनी ।

२० गते उलोग सँगे निकलल सूचना पुलीस के मिलल । माकिर उनका लकडा के ना भी जानकारी ना रहे । ओकरा बाद पुलीस उ आदमी के खोजी सुरु कईलख ।

हेटौंडा मे जाके बुझला पर हेटौंडा उपमहानगरपालिका–४ चिसापानी चोक मे डेरा करके रहत आईल एक युवक शंकास्पद मिललें । उ आदमी के नम्बर पत्ता लागला पर भी नाम पत्ता लागे ना सकल रहे ।

हत्या के अनुसन्धान करे खातिर विशेष टोली बनावल गईल रहे । प्रविधियुक्त तरिकाद्वारा सीडीआर, बीटीएस लोकेसन एनालाइसिस, फलो अप होत रहे ।

उहे समय मे उ आदमी जिल्ला पर्सा कालिकामाई गाँवपालिका–२ रहेवाला ३० बरीस के शैफुल खान पैठान रहल पत्ता लागल ।

पैठान के लगातार निगरानी मे राख के प्रमाण संकलन करत आईल पुलीस सफलता के लगे पुगत रहे ।
पैठान कुवार १९ गते हि डेरा छोड के सम्पर्कविहीन भईल रहलन ।

फेनु कुवार २५ गते इन्तियाज खान कहेवाला आदमी से १ हजार रोपेया लेके पैठान भारत ओरी भागेके खोजत बाडन, कहके सूचना पुलीस के मिलल । पुलीस कुवार २६ गते सबेरे १० बजे उनका पछाडि करत गईल ।

कालिकामाई गाँवपालिका–२ स्थित मस्जिद मे चोरालुका के रहत आईल अवस्था मे उनका के पकडेमे सफल भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजित कुँवर बतवनी ।

दुनु जने बीच लम्हर समय से प्रेम सम्बन्ध रहल माकिर वियाह करेके विषय मे बात ना मिलला के बाद हत्या भईल प्रारम्भिक अनुसन्धाना से खुलल कुँवर बतवनी ।

“जनानी डिभोर्सी हई, जनानी के चरित्र हत्या करेके नइखे खोजल गईल, माकिर उनकर उ लकडा सँगे पहिले से हि सम्बन्ध रहल तथ्य प्रारम्भिक अनुसन्धान से खुलल बा,” कहत उ, “जनानी से स्वीकार करेके दबाव देहला के बाद उ छुटकारा पावे खातिर हत्या कईल जईसन देखल गईल बा ।”

जरुरी अनुसन्धान तथा कारबाही के खातिर उनका के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे राखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।