कोभिड–१९ से बँचे ला छलफल

प्रभु यादव
बारा २७ कुवार
बारा के पचरौता नगरपालिका मे कोभिड–१९ से बँचेला सरोकारवाला से छलफल कईल गईल बा ।
छलफल कार्जक्रम मे कोरोना भाईरस से बचे खातिर तयारी करेला, जेजे काम सभे पछुवाईल ओकरा खातिर स्थापित कईसे होसकल जाई कहके छलफल कईल गईल बा ।
जवना स्कुल मे कोरेन्टाइन राखल गईल रहे ओकरा मे फिर से पढेवाला लईकालईकी सब के खातिर वातावरण बनावल जाई । पढे आईल लईकालईकी सब कईसे सुरक्षित पढला वाद घर लवट सकतवानी छफफल कईल गईल रहे ।
गाँव घर मे रहल समाज के आदमी लोग सरसफाइ मे ध्यन देके आपन स्वस्थ्य जीवन बिता सकत बा जवना के खातिर करेवाला काम के सम्बन्ध मे छलफल कईल गईल बा ।
पालिका मे जेउन आदमी कोरोना से सक्रमीत भईल होई ओ लोग के खातिर पुर्ण सरसफाई सामान देहल जाए के जवना से कोरोना से बचे मे मद्दत पुगी रिक्स कमुनिकेशन अफिसर नरेश गुप्ता जानकारी करावले रहनी ।
उपलब्धि आ पुनःस्थापन कार्जक्रम अन्तरगत युनिसेफ के सहजोग, एन सि भि के सहकार्य आ जनजागरण युवा क्लव के आयोजना मे कार्जक्रम कईल गईल ।
नगर प्रमुख रमेश यादव के अगुवाई मे भईल कार्जक्रम मे नियमित प्रशासकीय प्रमुख श्यामसुन्दर यादव, शिक्षा शाखा के प्रमोद यादव, स्वास्थ शाखा के नवलकिशोर साह जनजागरण युवा क्लव से प्रोग्राम के सरसफाई ईन्जिनियर महम्द समरूदीन लगायत कर्मचारी बुद्धिजिवी लोग के सहभागीता मे कार्जक्रम पुरा भईल रहे ।






