कोरोना संक्रमण से आउर १५ जने के मृत्यु

काठमाण्डु २८ कुवार
पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण से आउर १५ जने के मृत्यु भईल बा ।
काठमाण्डु के ५, मोरङ के ३ तथा ललितपुर, भक्तपुर काभ्रे, सुनसरी, स्याङ्जा, नवलपरासी आ नवलपुर के एक÷एक जने के मृत्यु पुष्टि भईल बा ।
सामखुसी, काठमाण्डु मे ७६ बरीस के पुरुष के मंगर के दिने ग्राण्डी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।
श्वासप्रश्वास मे समस्या होके १७ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २० गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उ मिर्गौला, मधुमेह आ थाइराइड के समस्या से पीडित रहनी ।
कोटेश्वर, काठमाण्डु के ६७ बरीस के जनानी के मंगर के दिने पाटन अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । उच्च रक्तचाप, मधुमेह के साथे मिर्गौला के समस्या से पीडित उ २२ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।
मैफी, काठमाण्डु के ७४ बरीस के जनानी के मंगर के दिने त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । उच्च रक्तचाप, मधुमेह आ मिर्गौला सम्बन्धी समस्या भईल उ २७ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।
बसुन्धरा, काठमाण्डु के ७१ बरीस के पुरुष के वीपी मेमोरियल अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । निमोनिया होके १९ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २४ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
काठमाण्डु के ५६ बरीस के पुरुष के त्रिवि शिक्षण अस्पताल मे निधन भईल बा । एचआईभी आ निमोनिया भईल उ १९ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।
सातदोबाटो, ललितपुर के ५० बरीस के पुरुष के बुध के दिने पाटन अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । १२ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका १३ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
बनेपा–१०, काभ्रे के ६२ बरीस के पुरुष के बुध के दिने वीर अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । उ २७ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल रहनी आ उहे दिन कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
स्टार अस्पताल मे मृत्यु भईल भक्तपुर के ८३ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । मधुमेह के विरामी उ २५ गते अस्पताल भर्ना भईल रहनी आ उहे दिन मृत्यु भईल रहे ।
बेलबारी नगरपालिका–१०, मोरङ के ३७ बरीस के पुरुष के वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा । २१ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ मंगर के दिने अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।
बुढीगंगा गाँवपालिका–३, मोरङ के ६० बरीस के पुरुष के मंगर के रात विराट मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । श्वासप्रश्वास आ मृगौला सम्बन्धी समस्या भईल उनका १५ कुवारमे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
सुन्दरहरैँचा नगरपालिका–५, मोरङ के ४९ बरीस के जनानी के मंगर के दिने नोबेल मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा ।
मिर्गौलासम्बन्धी समस्या से पीडित उ श्वासप्रश्वास के समस्या भईला के बाद अस्पताल पुगल रहनी । इटहरी उपमहानगरपालिका–६, सुनसरी के ६० बरीस के जनानी के बुध के दिने वीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा । उनका २४ कुवार मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
भीरकोट–२, स्याङ्जा के ५२ बरीस के जनानी के बुध के दिने पोखरा स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान, पोखरा मे मृत्यु भईल बा । २६ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका कोभिड सँगे थाइराइड आ उच्च रक्तचाप के समस्या रहे ।
सुनवल नगरपालिका–४, नवलपरासी के ७७ बरीस के पुरुष के बुध के दिने कोरोना विशेष अस्पताल बुटवल मे मृत्यु भईल बा । श्वास प्रश्वास मे समस्या होके २६ कुवार मे लुम्बिनी प्रादेशिक अस्पताल मे भर्ना भईल उनका २७ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
मध्यविन्दु–१५, नवलपुर के ७५ बरीस के पुरुष के मंगर के रात चितवन मेडिकल कलेज, भरतपुर मे मत्यु भईल बा । श्वासप्रश्वास मे समस्या होके १८ कुवार मे अस्पताल भर्ना भईल उनका २० गते कोभिड–१९ संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।






