सप्तरी मे पुलीस आ तस्कर समूहबीच झडप, दु पुलीस घायल

सप्तरी २८ कुवार
भारत से भन्सार ना करा के सामान लियावेवाला तस्कर के समूह आ पुलीस बीच सप्तरी मे झडप भईल बा । झडप के नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस चार राउण्ड हवाई फायर कईले बा ।
राजविराज नगरपालिका वार्ड नम्बर १३ मुसहर्नियाँ मे मंगर के रात १० बजे के समय पुलीस आ तस्कर समूहबीच झडप भईल बा ।
भारत से तस्करलोग सामान लियावे लागला पर पुलीस घेरा डलले रहे । उ समय मे तस्करलोग स्थानीय के बोलवले रहलन । घरेलु हथियार सहित आईललोग पुलीस उपर आक्रमण कईल सप्तरी के प्रहरी प्रमुख राजेन्द्र धमला जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक घरेलु हथियार प्रहार से प्रहरी हबल्दार कमलदेव यादव आ प्रहरी जवान दीपेन्द्र साह घायल भईल बाडन । दुनु के मुडि मे चोट लागल बा । जवान के मुडि मे सात गो टाँका लगावे के पडल एसपी धमला बतवनी ।
करिब ७० जने स्थानीय मिल के पुलीस उपर आक्रमण करेके खोजला पर चार राउण्ड हवाई फायर करके स्थिति नियन्त्रण मे लेहल एसपी धमला बतवनी । यद्यपि उ बीच मे तस्करलोग सामानसहित फरार भईल उनकर कहनाम बा ।
फरार भईललोग के खोजी हो रहल एसपी धमला बतवनी । तस्करी के सामान आरहल पूर्वसूचना मिलके जिल्ला प्रहरी कार्यालय सप्तरी आ प्रहरी चौकी कोइलाडी बर्साइन के टोली उ जगहा मे खटल रहे ।






