ठोरी मे हथियार सहित चार जने पकडईलें

मेघराज राय
जीराभवानी २९ कुवार
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे पुलीस आ हथियारधारी समूह बिच बितल रात दुनुओरी से भिडन्त भईल रहे । ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर चार बिजयबस्ती लगे उ भिडन्त भईल रहे ।
बिजयबस्ती के रास्ता होत अबैध लागू औषध गाजा आरहल सूचना मे ईलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक अशोककुमार साह के नेतृत्व मे पुलीस टोली एम्बुस राख के बईठल रहलन ।
उहे समय चार जने के संख्या मे रहल हथियारधारी समूह पुलीस लाईन के लक्षित करके फायर कईल प्रहरी निरिक्षक साह बतवले बानी । पुलीस ओकर जवाफ मे दु राउन्ड हवाई फायर करके चारु जने के पकडेमे सफल भईल बा ।
पकडल गईल आदमीसब के साथ से पुललीस चार राउन्ड गोली, एकथान भरुवा बन्दुक, १ सय ग्राम बारुद आ १ थान खुकुरी भी बरामद कईले बा ।
पकडाईल आदमीसब ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ विशाल चोक के रहल बाडन । पकडाएवाला मे ठोरी गाँवपालिका–४ रहेवाला ३४ बरीस के कुमार लामा, ३५ बरीस के सुनबहादुर लामा, ३२ बरीस के बाबुराम लामा आ २५ बरीस के अमन लामा रहल बाडन ।
पकडल गईल चारु जने के जरुरी कारवाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पठावल गईल ईलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक अशोक कुमार साह जानकारी देहनी ।






