नेकपा छिपहरमाई गाँवपालिका कमिटी के शपथ ग्रहण पुरा

वीरगंज ३० कुवार

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) छिपहरमाई गाँवपालिका कमिटी पर्सा के शपथ ग्रहण कार्जक्रम आजु पुरा भईल बा ।

छिपहरमाई गाँवपालिका कमिटी द्धारा जिल्ला पार्टी कार्यालय मनमोहन नगर रामगढवा वीरगंज मे आयोजना कईल एगो समारोह के बीच कमिटी के अध्यक्ष मुक्ति नारायण साह लगायत के पदाधिकारी एंवम सदस्यलोग के पार्टी के केन्द्रिय सदस्य एवम पर्सा जिल्ला इन्चार्ज रामचन्द्र साह शपथ ग्रहण करवले रहनी ।

साबिक मिर्जापुर गाबिस के पूर्व अध्यक्ष एवम कमिटी के जेष्ठ सदस्य चन्जीत महतो कोइरी के अध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि पार्टी के केन्द्रिय सदस्य एवं जिल्ला इन्चार्ज रामचन्द्र साह कम्युनिस्ट पार्टी जनवादी केन्द्रीयता के आधार मे चलेवाला पार्टी भईला से जनवादी केन्द्रीयता ना मानेवाला आदमी कम्युनिष्ट होखे ना सकेके बतवनी ।

उ नेकपा भितर भी कुछ अपरिपक्व आदमीसब के चलते बेथिति सृजना भईला से बेथिति सृजना करेवाला अपरिपक्कलोग के परिपक्क बनावे खातिर खुदसब लागल बतवनी ।

उ कार्जक्रम मे पार्टी के प्रदेश नं.२ कमिटी के सदस्य छोटेलाल यादव नेकपा पर्सा कुछ लम्पट पुँजीवादीलोग के चंगुल मे फँसेके खतरा रहला से पार्टी जोगावे खातिर समय मे हि इमान्दार कार्यकर्तालोग एक जुट भईल जरुरी रहल बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश कमिटी सदस्य बालेश्वर थारु, किशोरी कुशवाहा, बालगोपाल थापा, जिल्ला सचिव विजय महतो, संविधान सभा सदस्य बिचरी यादव, जिल्ला कमिटी सदस्यलोग मनोज चौधरी, मोहन यादव, मोतीलाल यादव, प्रभाकर गुप्ता, शिवशंकर यादव, प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रीय सदस्य वृजलाल पासवान, युवा संघ नेपाल के केन्द्रिय सदस्य अरुण यादव लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी ।

कमिटी के अध्यक्ष मुक्ति नारायण साह से स्वागत मन्तब्य राखल कार्जक्रम के संचालन जिल्ला कमिटी सदस्य राघव साह कईले रहनी ।

उ कार्जक्रम के बीच बहुदरमाई नगरपालिका कमिटी के अध्यक्ष शिवशंकर यादव आ सचिव मोहन यादव के पार्टी केन्द्रिय सदस्य रामचन्द्र साह पद तथा गोपनीयता के शपथ करवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।