पर्सा के जगरनाथपुर गा.पा. मे नेपाली काँग्रेस के शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम

वीरगंज ३० कुवार
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका मे नेपाली कांग्रेस के शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
जगरनाथपुर गाँवपालिका के वार्ड नं. ३ गढहियार मे भईल कार्जक्रम मे हिन्दुलोग के महान चाँड दशहरा, दिपावली आ छठ पर्व के शुभकामना आदानप्रदान कईल रहे ।
नेपाली कांग्रेस जगरनाथपुर गाँवपालिका के आयोजना मे भईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल दशहरा, दिपावली तथा छठ के अवसर मे कोरोना भाइरस संक्रमण अन्त्य होखो कहके कामाना कइनी ।
अबगे कुछ दिन कोरोना ठिक होके आईल नेता रिजाल कोरोना से जिते खातिर आत्मबल जरुरी रहल बतवनी । लक्षण विना के कोरोना संक्रमण उच्च आत्मबल आ घरेलु ईलाज से जिते सकेके उनकर कहनाम रहे ।
दोसर प्रसंग मे बात करत नेता रिजाल प्रदेश नं. २ के कृषि लक्षित योजनासब ना आवे तक विकास ना होखेके बतवनी । कहत उ “प्रदेश सरकार होखो भा संघ सरकार दुनु के कमाउ लक्षित योजनासब बा ।
कृषी लक्षित योजना ना होखे तक प्रदेश के विकास होखे ना सकि, ओहिसे एकरा ओरी दुनु सरकार के ध्यान पुगल जरुरी बा ।”
नेपाली कांग्रेस के जगरनाथपुर गाँवपालिका संयोजक राजनिश प्रसाद चौहान के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के सभापति अजय द्विवेदी, जिल्ला सचिव किशोरी साह, प्रदेश सांसद शंकर चौधरी, महाधिबेशन प्रतिनिधि कृपा सिन्धु चौधरी, महासमिति सदस्य बशिष्ठ नारायण कुर्मी, क्षेत्रिय सभापति रमेश पाण्डे, सचिव श्रिकान्त यादव, नेता सहरुम राउत गद्दी, सुबाष यादव, मनिफ राउत, लक्ष्मि साह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






