५ जनानी सहित ६३ जने कईलें खुनदान

वीरगंज ०१ कातिक
अखिल नेपाल पिछडावर्ग ओविसी महासघ पर्सा के आयोजना मे खुल्ला खुनदान कार्जक्रम पुरा भईल बा । कार्जक्रम मे ५ जनानी सहित ६३ जने खुनदान कईले बाडन ।
ओविसी महासघ पर्सा के अध्यक्ष अकलेश साह के अध्यक्षता तथा ओविसी महासंघ के महासचिव तेज प्रकाश निषाद के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे ओविसी के जिल्ला उपाध्यक्ष विकास पटेल, धर्मेन्द्र पटेल, विनोद यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
खुनदान करेवाला मे निलम कर्ण, सिखा कर्ण, पुनम कुशवाहा, मुस्कान वर्णवाल, अकिलेश साह, मानबिक चौधरी, रुपेश सिह, बिशाल पान्डे लगायत रहल रक्त सञ्चार केन्द्र के सौरव राज पाण्डे जानकारी देहनी ।
एहितरे ल्यान्स क्लब के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे १ जनानी सहित १९ जने खुनदान कईले बाडन ।






