जनानी लोग पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के कार्यालय घेरलें

मेघराज राय
जीराभवानी ०६ कातिक
पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के कार्यालय जनानीलोग घेराव कईले बाडि ।
राहत वितरण मे विभेद भईल आ गरीब, दलित के राहत से वञ्चित कईल कहत गापा के सयो जनानीलोग कार्यालय घेराव कईले रहली ।
गापा अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी, उपाध्यक्ष ममता महतो आ दिव्य युवा क्लब के रामाकान्त पटेल जनानीलोग के दुसरका चरण के राहत वितरण मे सहभागी करावे के प्रतिबद्धता जाहेर कईला के बाद घेराव कार्जक्रम स्थागित भईल रामजनम चौधरी बतवनी ।
दिव्य युवा क्लब पटेर्वासुगौली गापा के ५ गो वार्ड मे ६१७ जने गरीब, विपन्न परिवार के राहत वितरण करेके कार्जक्रम अन्तर्गत वार्ड नं. २ आ ३ मे चाउर ६० किलो, पिसान १ बोरा, दाल १५ किलो, तेल १० लिटर, अन्डा १ क्यारेट, २५० एमएल के स्याम्पु दु गो, सर्पm २ किलो, कपडा फिंचेवाला आ नहाएवाला साबुन १÷१ दर्जन, चिनी २ किलो आ आलु÷प्याज ५÷५ किलो वितरण कईले रहे ।
युके आ एक्शनएड के सहजोग मे दिव्य युवा क्लब उ गापा मे दु चरण मे खाद्यान्न वितरण करेके कार्जक्रम रहल दिव्य युवा क्लब के रामाकान्त पटेल बतवनी ।
उ गापा के सूची अनुसार के आदमी के सामान वितरण कईल आ कउनो भी किसिम के भेदभाव ना कईल दावी कइनी ।





