जसपा वडा ईकाई समिति प्रसौनी बारा शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम कईलख

बारा १० कातिक

प्रदेश नं. २ के भौतिक पूर्वाधार तथा विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल नेपालीलोग के महान चाड दशहरा, दिपावली एवं छठ पर्व कोरोना महामारी से सुरक्षित होके भव्य आ सभ्य तरिका से मनावे खातिर निहोरा कईले बानी ।

जनता समाजवादी पार्टी नेपाल वडा इकाई समिति प्रसौनी–३ नौतन बारा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ नौतन गण्डक चौक मे रहल मधेश सेवा आश्रम मे आयोजना कईल दशहरा, दिपावली, छठ पर्व के उपलक्ष्य मे चायपान तथा शुभकामना अदान प्रदान कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि मन्त्री सोनल शुभकामना मन्तव्य देत सभी के सहकार्य आ एकता से मात्र मधेश के उत्थान तथा विकास होखे सकेके बात मे जोड देहनी ।

बारा क्षेत्र नं. ४ के प्रतिनिधिसभा सदस्य एकवाल मियाँ मधेश के चौतर्फी विकास के खातिर पार्टी मजबुत बनावे के साथे सभी मधेशी समुदाय एक होखेके बात मे जोड देहनी ।

प्रसौनी गाँवपालिका अध्यक्ष भोला प्रसाद गुप्ता गाँपालिका के विकास मे प्रदेश सरकार तथा संघीय सरकार के आउर सहजोग भईला पर गाँवपालिका के प्रदेश के नमूना गाँवपालिका के रुप मे स्थापित करे खातिर खुदसब लागल बतवनी ।

जनता समाजवादी पार्टी नेपाल वडा इकाइ समिति प्रसौनी–३ के इकाइ समिति अध्यक्ष लक्ष्मी नारायण राउत कुर्मी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रसौनी गाँवपालिका के उपाध्यक्ष गीता देवी शाह, अधिवक्ता रामचन्द्र सिंह, क्षेत्रीय अध्यक्ष सिताराम गुप्ता, वार्ड नं. ३ के वार्ड अध्यक्ष वैजनाथ गुप्ता, वार्ड नं. २ के अध्यक्ष सुरेश प्रसाद गुप्ता, वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष आनन्द प्रसाद गुप्ता, ५ के वार्ड अध्यक्ष सनै साह लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी ।

कार्जक्रम मे आयोजक कमिटी कार्जक्रम मे सहभागीलोग के टिका आ जमरा लगा के शुभकामना आदान प्रदान कईले रहलन । कार्जक्रम के संचालन शिक्षक राजकिशोर साह कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।