बाँसघारी मे जुवा खेल रहल तीन जने ३ लाख सहित पकडईलें

जनकपुरधाम १५ कातिक
बाँसघारी मे जुवा खेल रहल तीन जने के महोत्तरी पुलीस शनिचर के दिने पकडले बा ।
पकडाएवाला मे मनरासिस्वा नगरपालिका ७ रहेवाला ४० बरीस के बिनोद कुमार साह, उहे उमिर के सरोज कुमार साह आ ३५ बरीस के सन्तोष कुमार साह बाडन ।
जिल्ला के मनरा सिस्वा नगरपालिका ६ स्थित बाँसघारी मे जुवा खेल रहल उलोग के ३ लाख ३२ हजार ९ सय ६० रोपेया सहित पकडल गईल महोत्तरी प्रहरी के प्रबक्ता प्रकाश विष्ट जानकारी देहनी ।
जुवा खेल रहल सूचना मिलला के बाद इलाका प्रहरी कार्यालय बलवा आ अस्थायी प्रहरी पोष्ट सरपल्लो से खटल संयुक्त प्रहरी टोली उलोग के पकडला पर ९ थान कौडा भी बरामद कईले बा ।
उलोग उपर जुवा मुद्दा मे आउर अनुसन्धान सुरु कईल पुलीस जनवले बा ।






