बारा के कोरोना संक्रमित के वीरगंज मे मृत्यु

वीरगंज १५ कातिक

बारा के एक जने कोरोना संक्रमित के वीरगंज मे मृत्यु भईल बा ।

निजगढ नगरपालिका–९ के ६२ बरीस के पुरूष के नेशनल मेडिकल कलेज के आइसोलेसन सेन्टर मे शनिचर के सबेरे मृत्यु भईल बा ।

उनकर ईलाज के समय मे शनिचर के दिने पौने ६ बजे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल के चिकित्सक डा. परवेज अन्सारी जानकारी देहनी ।

डाक्टर अन्सारी के मुताविक आईसोलेसन भर्ना कईला पर हि कोभिड निमोनिया के चलते उनकर अवस्था गम्भीर रहे ।

उच्च बोखार आ श्वासप्रश्वास मे समस्या देखल गईला के बाद ईलाज के खातिर वीरगंज लिआवल गईला मे उनका १३ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

उहे दिन नेशनल मेडिकल कलेन के आइसोलेसन सेन्टर मे भर्ना कईल रहे ।

आइसोलेसन मे चार जने कोरोना संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । चारु जने के आईसीयू मे ईलाज हो रहल नेसनल के कोरोना फोकल पर्सन डा. असरफ हुसैन जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।