कर्मचारी मे कोरोना पुष्टि भईला के बाद घरेलु कार्यालय पर्सा के सेवा बन्द

वीरगंज १७ कातिक

कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण भईला के बाद घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय वीरगंज सेवा बन्द कईले बा ।

कार्यालय के निमित्त प्रमुख, उद्योग अधिकृत रिमा साह सूचना जारी करत सोमार से अनिश्चितकाल के खातिर कार्यालय के सेवा बन्द कईल जानकारी देहले बानी ।
‘लेखापाल के कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

आउर कर्मचारी सभी सम्पर्क मे रहला से सेल्फ आइसोलेसन मे रहेवाला भईल बा,’ कहत उ, ‘जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा से समन्वय करके दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर सेवा बन्द कईल गईल बा ।’

कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल कर्मचारीलोग के पीसीआर परीक्षण करावेके आ रिपोर्ट के आधार मे कार्यालय खोलेके भा कईसे सेवा सञ्चालन करेके कहके निर्णय करेके उ बतवनी ।

कार्यालय मे निमित्त प्रमुख, उद्योग अधिकृत सहित ९ जने कर्मचारी कार्यरत बाडन । परिवार के सदस्य मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ मे पडल लेखापाल के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट एतवार के सँझिया पोजेटिभ आईल रहे ।

कोरोना संक्रमण के जोखिम के मध्यनजर करके घरेलु कुवार १६ गते से स्थानीय तह मुताविक वर्गीकरण करके उद्योग दर्ता तथा नवीकरण के सेवा प्रवाह करत आईल रहे ।

एतवार आ सोमार के दिने वीरगंज महानगरपालिका, मंगर आ बुध के पोखरिया, पर्सागढी आ बहुदरमाई नगरपालिका, बियफे आ शुक के जिल्ला स्थित सभी गाँवपालिका के सेवाग्राही के सेवा देत आईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।