गाँजा सहित एक जने पकडईलें

जनकपुरधाम १८ कातिक

सिराहा पुलीस लागूऔषध गाँजा सहित एक युवक के पकडले बा ।

जिल्ला के धनगढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर १४ रहेवाला ३७ बरीस के बुद्धबहादुर तामाङ के १० किलो गाँजा सहित पकडल गईल पुलीस जनवले बा ।

को.९ प. २१९५ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार तामाङ के धनगढीमाई नगरपालिका–१४ भालुटार सखुवाचौरी से गस्ती मे खटल इलाका प्रहरी कार्यालय बिष्णुपुरकट्टी के टोली पकडल सिराहा के प्रहरी प्रबक्ता शालिग्राम शर्मा बतवनी ।

गाँजा सहित पकडाईल तामाङ के इलाका प्रहरी कार्यालय लहान मे राख के आउर अनुसन्धान कर रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।