सोनवर्षा मे निःशुल्क आँखा शिविर पुरा

वीरगंज १८ कातिक

पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका वार्ड नं. १ सोनवर्षा गाँव मे आजु निःशुल्क आँखा शिविर पुरा भईल बा ।

पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के सहजोग आ वार्ड नं. १ सोनवर्षा के आयोजना आ माट्रिका आइ फाउण्डेशन के प्राबिधिक सहजोग मे निःशुल्क आँखा शिविर पुरा भईल बा ।

आँखा शिबिर मे १ सय ३१ जने के आँखा परिक्षण कईला पर ६७ जने मे मोतियाबिन्दु मिलल माट्रिका आइ फाउण्डेशन के नेत्र बिशेषज्ञ डा. महेश सिँह धामी जानकारी देहनी ।

शिविर के उदघाटन करत गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी निःशुल्क आँखा शिविर से गरीब तथा विपन्न जनतासब के आँख परिक्षण तथा अप्रेशन से सहजोग पुगेके विश्वास व्यक्त कइनी । नेत्रदान जिवन दान कहके नारा के साथ आँखा शिबिर गाँवपालिका के पाँच गो वार्डसब मे संचान करेके बतवनी ।

वार्ड अध्यक्ष फरमान मियाँ के अध्यक्षता मे भईल शिविर मे वार्ड नं २ के वार्ड अध्यक्ष बिजय गैरे, योजना प्रमुख राजकुमार महतो, डाक्टर महेश सिंह धामी, डाक्टर रुबी राउत, रोशनी लामा, मोतिलाल साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

मोतियाबिन्दु मरेजीलोग के बुध के दिने माट्रिका आई फाउन्डेसन अस्पताल बीरगंज मे निःशुल्क अप्रेसन होखेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।