लिंकरोड के स्थानीयबासी कईलें सरसफाई

वीरगंज १९ कातिक

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ८ लिंकरोड के स्थानीयवासी आ व्यावसायीलोग सरसफाई के खातिर जागरुक भईल बाडन ।

महानगर मे जहाँतहाँ फुहर जम्मा भईला मे स्थानीय घरधनी आ व्यापार व्यावसाय मे लागललोग लिंकरोड क्षेत्र के सफा राखे खातिर महानगरपालिका के सरसफाईकर्मीलोग के साथे स्थानीय व्यावसायीलोग सरसफाई कईले बाडन ।

वीरगंज के घण्टाघर से बसपार्क तक सडक के दुनु ओरी घर तथा सटर दोकानवालालोग हरेक दिन सरसफाई कईल शुरु कईले बाडन ।

आजु सबेरे सडक के किनार मे बिगल इट्टा, पथल, बालु लगायत आउर कवाडी सामानसब हटाके पानी से सफा कईले रहलन ।

महानगरपालिका के हरेक टोल मे टोल विकास संस्था गठन करके सरसफाई व्यावस्थापन शुरु कईल आ उहे अवधारणा मे वीरगंज के घण्टाघर से बसपार्क तक रहल घरधनी तथा सटर दोकानदार आ होटल व्यावसायीलोग सरसफाई कईल सुरु कईल होटल व्यवसायी संघ पर्सा के महासचिव तवरेज आलम जानकारी देहनी ।

वीरगंज के बसपार्कचोक से घण्टाघरचोक तक सफा राखे खातिर सभी घरधनी, सटर दोकानदार, व्यापारी आ होटल व्यावसायीलोग चासो देखावल उ बतवनी ।

लिंकरोड मे रहेवाला आ दोकानदारलोग के बीच सडक के डिभाईडर मे जथाभावी फुहर ना बिगे खातिर आ घर दोकान से निकलेवाला फुहर व्यवस्थित करे खातिर महानगरपालिका के सरसफाई कर्मचारीलोग निहोरा कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।