नेपाली काग्रेस के पुर्व मन्त्री फरमुल्लाह मंसुर के कोरोना संक्रमण

प्रभु यादव
बारा १९ कातिक
नेपाली काँग्रेस के केन्द्रिय सदस्य तथा पुर्व मन्त्रि फरमुल्लाह मंसुर के कोरोना पुष्टि भईल जन स्वास्थय कार्यालय बारा जानकारी करावले बा ।
मंसुर के बोखार, खोकी लागला वाद नारायणी अस्पताल वीरगंज मे कोरोना टेष्ट कईला पर पोजेटिभ आईल जन स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख रामनरेश यादव जानकारी देहनी ।
नेपाली काँग्रेस बारा के सभापति जयचन्द्र चौरसिया के समन्वय मे नेपाली काँग्रेस के केन्द्रिय सभापति शेरबहादुर देउवा आ कोरोना बिभाग के केन्द्रिय संयोजक पार्टी के केन्द्रिय सहमहामन्त्री डा. प्रकाश शरण महत के सहजोग मे काठमाण्डु से हेलिकप्टर मँगा के काठमाण्डु स्थित मेडिसेन्टर अस्पताल मे ईलाज के खातिर पठावल गईल नेपाली काँग्रेस बारा के कोषाअध्यक्ष आ कोरोना के जिल्ला संयोजक चन्द्रशेखर यादव जानकारी करावले बानी ।
मंसुर के ईलाज वीरगंज स्थित एडभान्स अस्पताल मे होत रहे । पुर्व मन्त्री मंसुर के सिघ्र स्वास्थ्य लाभ के खातिर पार्टी के कार्यकर्तालोग कामना करत उच्च मनोबल के साथे ईलाज करावे के सुझाव समेत देहले बाडन ।





