२० गो अबैध पाडा, भईस पुलीस पकडलख

मेघराज राय

जीराभवानी २० कातिक,
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका से पुलीस २० गो पाडा भईस पकडले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा आ ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा से गईल संयुक्त पुलीस टोली पर्सा के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर पाँच सुवर्णपुर के रास्ता होत भारत से अबैध रुप मे भन्सार छल के लिया रहल २० गो भईस पकडले बा ।

पकडाईल भईंस ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा मे राखल गईल आ जरुरी कारवाही के खातिर बीरगंज भन्सार कार्यालय मे पठावे के तइयारी हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता एवम प्रहरी नायव उपरीक्षक मनोजित कुवर जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।