सई यादव घुस माँगला के बाद स्थानियद्धारा बिरोध प्रदर्शन, घटना मिलावे खातिर ईप्रका ठोरी मे छलफल

मेघराज राय

जीराभवानी २० कातिक

पुलीस के ज्यादती के बिरोध करत जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं १ जगतिया चौक मे आजु सँझिया पुलीस आ स्थानीय बीच बिबाद भईल बा ।

जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं १ बलुवा निवासी नेसार समानी पेट्रोलियम पदार्थ लिअईला पर पुलीस से माग कईल रोपेया ना देहला पर पुलीस पेस्तोल देखावत पिटपाट कईला पर बिबाद भईल स्थानिय बतवले बाडन ।

इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी मे कार्यरत प्रहरी नायब निरीक्षक मुक्ति नारायण यादव सादा डरेस मे समानी से पच्चीस हजार रोपेया मागल समानी बतवनी । ओकर भ्वाइस रेकर्ड हमरा लग सुरक्षित रहल समानी बतवनी ।

समानी ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं ४ बिजयबस्ती मे रहल नेवा पेट्रोल पम्प से चार ड्रम डिजेल ट्याक्टर मे लोड करके महादेवपट्टी तथा बालुवा मे खुद्रा किसान के बिक्री करत आईल बाडन ।

समानी उपर पुलीस से कईल ज्यादती के बिरोध करत प्रदर्शन कईले रहलन । अवस्था तनावग्रत भईला के बाद पुलीस चौकी सुबर्णपुर, बलुवा आ सशस्त्र बेश क्याम्प सुवर्णपुर के टोली घटना स्थल मे पुग के बिवाद सामान्य बनावल स्थानियवासी बतवले बाडन ।

स्थानिय के भिड से प्र.ना.नि. यादव के घटना स्थल मे राखल आ इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक अशोक कुमार साह के नेतृत्व मे आईल प्रहरी टोली प्रनानी यादव आ पेट्रोलियम पदार्थ लियावेवाला आदमी सहित ट्रेक्टर के ईलाका प्रहरी कार्यालय सेढवा मे राख के समाचार तइयार करे तक सहमति करेके प्रयास हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।