कोरोना संक्रमण से आउर १८ जने के मृत्यु

काठमाण्डु २१ कातिक
कोरोना भाइरस संक्रमण के चलते आउर १८ जने के मृत्यु भईल बा ।
काठमाण्डु आ कास्की के ३÷३ जने, सुनसरी, दाङ आ कैलाली के २÷२ जने, उदयपुर, सिन्धुली, रामेछाप, ललितपुर, बागलुङ आ नवलपरासी के १÷१ जने के मृत्यु भईल प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्रालय आ सम्बन्धित अस्पताल जानकारी देहले बाडन ।
धरान उपमहानगरपालिका–१६ सुनसरी के ८१ बरीस के जनानी के शुक के दिनके २ बजे बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा । १९ कातिक मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उ २० गते अस्पताल भर्ना भईल रहली । उनका हाइपरटेन्सन के समस्या रहे ।
धरान उपमहानगरपालिका–१२ सुनसरी के ७८ बरीस के जनानी के बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे कातिक २० गते रात ११ बजे मृत्यु भईल बा । कातिक २० गते संक्रमण पुष्टि भईल उउहे दिन अस्पताल भर्ना भईल रहली ।
कटारी नगरपालिका उदयपुर के १४ बरीस के बालक के बीपी कोइराला स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे शुक के सबेरे ९ः५० बजे मृत्यु भईल बा । १२ कातिक मे संक्रमण पुष्टि भईल उ १६ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल रहलन । उ क्षयरोग के मरेजी रहलन ।
जोरपाटी काठमाण्डु के ८६ बरीस के पुरुष के कातिक २० गते मृत्यु भईल बा । निमोनिया होके कातिक १३ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका उहे दिन संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उ उच्च रक्तचाप के मरेजी रहनी ।
काठमाण्डु के ९२ बरीस के पुरुष के कातिक २० गते मृत्यु भईल बा । निमोनिया होके कातिक ११ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक १३ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
छाउनी काठमाण्डु के ५७ बरीस के जनानी के शुक के दिने मृत्यु भईल बा । स्वासप्रश्वास आ मुटु के समस्या होके कातिक १९ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक २० गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
महालक्ष्मी नगरपालिका ललितपुर के ९५ बरीस के पुरुष के कातिक २० गते मृत्यु भईल बा । कातिक १९ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक २० गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उ दम के मरेजी रहनी ।
कमलामाई नगरपालिका सिन्धुली के ६७ बरीस के पुरुष के कातिक १८ गते मृत्यु भईल बा । कातिक १३ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक १७ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
सुनापाती रामेछाप के ७० बरीस के जनानी के कातिक २० गते मृत्यु भईल बा । कातिक १७ गते संक्रमण पुष्टि भईल उ कातिक १८ गते अस्पताल भर्ना भईल रहली ।
पोखरा महानगरपालिका– १७ कास्की के ७५ बरीस के पुरुष के शुक के सबेरे ९ बजे गण्डकी मेडिकल कलेज मे मृत्यु भईल बा । उनका कातिक १४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
पोखरा महानगरपालिका कास्की के ३० दिने बच्चा के शुक के सबेरे १२ः १५ बजे मृत्यु भईल रहे । उनका स्वासप्रश्वास आ निमोनिया के समस्या रहे ।
पोखरा महानगरपालिका–१० कास्की के ५७ बरीस के पुरुष के पोखरा स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे कातिक २० गते रात साढे ११ बजे मृत्यु भईल बा ।
२ कातिक मे संक्रमण पुष्टि भईल उनका निमोनिया आ हाइपरटेन्सन के समस्या रहे ।
जैमिनी नगरपालिका–९ बागलुङ के २९ बरीस के पुरुष के कातिक २० गते रात ८ः ५० बजे पोखरा स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे मृत्यु भईल बा ।
कातिक ८ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उनका निमोनियासम्बन्धी समस्या रहे ।
बर्दघाट नगरपालिका–१ नवलपरासी के ४७ बरीस के पुरुष के बियफे के रात कोरोना अस्पताल बुटवल मे मृत्यु भईल बा ।
११ कातिक मे संक्रमण पुष्टि भईल उ १२ कातिक मे अस्पताल भर्ना भईल रहलन । उनका मधुमेह, उच्च रक्तचाप आ पित्तथैली सम्बन्धी समस्या रहे ।
तुल्सीपुर उपमहानगरपालिका–१० दाङ के २० बरीस के जनानी के शुक के दिन नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज कोहलपुर मे मृत्यु भईल बा । प्रसुति सेवा लेवे खातिर कातिक १६ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका कातिक १८ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
लमही नगरपालिका–१० दाङ के ६४ बरीस के पुरुष के भेरी अस्पताल मे बियफे के रात ९ बजे मृत्यु भईल बा ।
कातिक १४ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उनका के दाङ के बेलझुण्डीस्थित कोरोना विशेष अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । स्वास्थ्य मे समस्या देखल गईला के बाद १९ कातिक मे नेपालगञ्ज लेगईल रहे ।
गौरीगंगा नगरपालिका–३ कैलाली के वार्ड अध्यक्ष ६३ बरीस के नरेन्द्रबहादुर शाह के शुक के सबेरे ६ः२५ बजे मृत्यु भईल बा ।
कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उ १० दिन से सेती अस्पताल मे ईलाज करावत रहनी ।
टीकापुर नगरपालिका–१ कैलाली के ५६ बरीस के जनानी के शुक के दिने नेपालगञ्ज मेडिकल कलेज शिक्षण अस्पताल कोहलपुर मे मृत्यु भईल बा ।
कातिक २० गते अस्पताल भर्ना भईल उनका उहे दिन संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।






