नेपाल सितोरियो कराते खेलाडी कईलें मन्दिर सरसफाई

प्रभु यादव
बारा २१ कातिक
नेपाल सितोरियो कराते शाखा डोजो जितपुर हिन्दु सब के मन्दिर शुक के दिने सरसफाइ कईले बा ।
जितपुर मे रहल ५ गो सबेरे ६ बजे मन्दिर सरसफाइ कईले बा । शिव मन्दिर, बगाली बाबा मन्दिर, दुर्गा मन्दिर आ बजार मेके दुई गो मन्दिर के सरसफाइ कईले बा । डोजो जितपुर मे रहल ५ गो मन्दिर के आज सरसफाइ कईले बाडन ।
जितपुर मे निर्माणधिन रास्ता से मन्दिर के प्राङ्गण मे बहुते फुहर भईल रहे जवना से पुजा करे आवेवाला भक्तजन लोग के समस्या खेपेके पडल डोजो सामाजिक उतरदायित्व पुरा करे के सरसफाइ कईल गईल सह प्रशिक्षक मनोज कुमार साह बतवले बानी ।
खेलकुद सँगे खेलाडी लोग सामाजिक काम मे सहभागिता जना के समाज उपर आपन जिम्मेवारी बहन कईल प्रति समाजसेवी घनश्याम गिरी खुशी ब्यक्त कईले बानी ।






