संघिय सरकार देश के ८० प्रतिशत बजेट पहाड आ हिमाल मे देरहल : सांसद् यादव

प्रभु यादव
बारा २१ कातिक
नेपाल मे संघिय सरकार देश के बजेट ८० प्रतिशत पहाड आ हिमाल मे देके मधेश से साथ विभेद कईले बा । बारा निर्वाचन क्षेत्र नं. ३ के प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु यादव संसदीय विकास कोष के प्रगति विवरण सुनावत अईसन बतवले बानी ।
संसदीय कोष मे छ करोड रकम देके जनता सब के काम ना करे सकल सिकायत सुनेके पड रहल कहनी । एक निर्वाचन क्षेत्र के एक बरीस मे एक अरब देवे के सरकार से प्रतिनिधि सभा सदस्य यादव माँग कईनी ।
आपन निर्वाचन क्षेत्र मे एक सय ५० गाँव रहल जगह मे विकास खातिर रास्ता, नाला, नदि मे टटबन्ध करेला रकम ना पुगला से बहुते जनता से दुरी होखे के पडरहल यादव जनकारी करावले बानी ।
स्थानीय पूर्वाधार विकास साझेदार कार्जक्रम अन्तर्गत निर्वाचन क्षेत्र के खातिर आईल रकम छव करोड बजेट के सांसद के छनौट करेके अधिकार मिलल बा माकिर खर्च करे के अधिकार स्थानीय तह के भइला के कारण कुछ जगह मे गुणस्तर काम समेत मे समस्या देखल गईल यादव बतावले बानी ।
सुकर के दिन पत्रकार समेलन कर के संसदीय कोष से भईल काम के प्रगति विवरण प्रस्तुत कईले रहनी ।
पत्रकार समेलन मे बारा क्षेत्र नम्वर ३ के ख के प्रदेश सभा सदस्य पारस साह संसदिय कोष के तीन करोड के बजेट कम भईल कहत योजना सब के काम करे मे लाग के सम्पन्न करवले बानी कहनी ।
निर्वाचन क्षेत्र विकास कोष के बजेट से विनियोजित योजना सब १९ गो वार्ड आ ४३ गो गाँव मे मिला के आवश्यकता भईल जगह मे जनता के सुविधा पुगे के परल काम कईल गईल साह जनकारी करावले बानी ।
जनता समाजवादी पार्टी के सुशील यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे केन्द्रीय सदस्य प्रकाश चौगाई, शशी केशरी, पिंकि यादव, बारा अध्यक्ष अजय पटेल, लक्ष्मी यादव, रामप्रसाद साह, नरेश पटेल, विनोद यादव, शिवनाथ पटेल लगायत के सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के सञ्चालन कमलेश मण्डल कईले रहनी ।






