मिरर्मिरे लघुवित्त लंगडी मे सरसफाई कईलख

राजन कुमार बानिया
पोखरिया २२ कातिक
मिरर्मिरे लघुवित्त वित्तीय संस्था के शाखा कार्यालय लंगडी पर्सा के आयोजना मे लंगडी बजार मे सरसफाइ कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
आजु सबेरे शाखा कार्यालय से शुरु भईल सरसफाई बजार परिसर होत नालासब के भी सरसफाइ कईल रहे ।
कार्जक्रम मे धोविनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ४ के वार्ड अध्यक्ष मसजित मिया, ईलाका प्रहरी कार्यालय लंगडी के प्र.ना.नि.सोम प्रसाद धिताल, समाजसेवी कमरुल होदा, शिक्षक सुधीर पटेल, शाखा कार्यालय लंगडी के शाखा प्रबन्धक किरण परियार, कर्मचारीलोग लगायत स्थानीय यूवालोग सरसफाई कईले रहलन ।
सरसफाई कार्जक्रम के समापन के अवसर मे वार्ड अध्यक्ष मसजित मिया सरसफाई हमनी के सभ्यता ह, स्वच्छ तथा सफा बजार से ई क्षेत्र मे बसोबास करेवाला आदमीसब के सभ्यता के परिचय दि कहत अईसन पुनित काम के आयोजना कईला मे मिरर्मिरे लघुवित्त के धन्यवाद देहनी ।
कार्जक्रम मे बोलत शाखा प्रबन्धक किरण परियार बजार सरसफाई के खातिर बजार व्यवस्थापन समिति तथा बजारके व्यपारी वर्गलोग के सचेत करावत सफा करे ना सकला पर फुहर भी करेके अधिकार केहु के ना रहल बतवनी ।
आवेवाला दिन मे भी अईसन काम के खातिर ई संस्था हरदम तइयार रहल बतवनी ।





