सूचना के हक सम्बन्धि राष्ट्रिय सञ्जाल द्धारा प्रशिक्षण

वीरगंज २२ कातिक
सुचना के हक के खातिर राष्ट्रिय सञ्जाल के आयोजना आ डिसेमल कलेज वीरगंज के सहकार्य मे एक दिने प्रशिक्षण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
डिसेमल कलेज के प्राङ्गण मे भईल प्रशिक्षण कार्जक्रम मे अनेकन कलेज के विद्यार्थी, शिक्षक सहित ४० जने के सहभागीता रहल रहे ।
कार्जक्रम मे स्थानीय भ्रष्टचार बिरुद्ध के अभियन्ता उदय कुशवाहा, प्रबिन मणिपाल, अकतर मिया, संजित कुहवाहा, प्रमला गिरी, बिजय बैठा, सलामत हुसेन लगायत के यूवालोग के सहभागिता रहल रहे ।
कार्यक्र मे सुचना का ह ? काथि के खातिर, सुचना के हक सम्बन्धी ऐन २०६४ के दफा ५ के उप दफा ३ आ नियमावली के ३ बमोजिम देहल गईल अधिकार प्रयोग करके नेपाल सरकार से देहाय के बनावल अधिकार हरेक नेपाली से मिलेके मौलिक अधिकार मे रहला से हरेक नेपाली आपन हक प्रयोग करके सरकारी भा गैरसरकारी संस्थासब मे भ्रष्टाचार न्यूनिकारण करेके उदेश्य से सूचना माग सकेके जनावल गईल आयोजक संस्था के केन्द्रीय सदस्य एंवम पर्सा जिल्ला अध्यक्ष मनोज रौनियार बतवनी ।
प्रशिक्षण कार्जक्रम मे सहभागीलोग ऐन २०६४ के दफा ५ के उप दफा ३ आ नियमावली प्रयोग करके जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र पर्सा मे अनेकन बाधा, अडचन, समस्यासब के लक्षित करत सुचना के हक सम्बन्धी १८ जने अभियन्तालोग हुलाक द्धारा सुचना माग कईल गईल भ्रष्टाचार बिरुद्ध के अभियन्ता उदयनारायण कुशवाहा बतवनी ।
अधिकांश सहभागीलोग आपन गाँवपालिका, स्वास्थ्य चौकी, विद्यालय मे अनेक घटनाक्रम रहला पर भी उ ऐन के बारे मे खुदसब के जानकारी ना भईला के चलते सूचना लेवे ना सकल बतवले रहलन ।
सुशासन कायम मे ई प्रभावकारी औजार रहला से आवेवाला दिन मे सूचना के हक प्रयोग करेके प्रतिवद्धता सहभागीलोग कईले रहलन ।
कार्जक्रम के प्रशिक्षक सुचना के हक के खातिर राष्ट्रिय सञ्जाल के केन्द्रिय सदस्य मुकेश कुशवाहा प्रशिक्षण देहले रहनी ।
कार्जक्रम के सहजीकरण डिसेमल कलेज के कोडिनेटर÷प्रध्यापक रामआशिस चौरसिया कईले रहनी ।






