क्लब के भवन भसकाके सार्वजनिक जमिन अतिक्रमण करेके गापा अध्यक्ष के प्रयास

वीरगंज २२ कातिक

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका के अध्यक्ष नथुनी प्रसाद कुशवाहा सार्वजनिक जमिन मे निर्माण कईल एक समाजिक संस्था के भवन भसका के उ जमिन अतिक्रमण करेके प्रयास मे लागल स्थानियलोग आरोप लगवले बाडन ।

गाँवपालिका के वार्ड नं. २ गदियानी स्थित ब्रिलिएन्ट युवा क्लब नामक स्थानिय गैर सरकारी संस्था के भवन भसका के उ जमिन अतिक्रमण करेके प्रयास मे गाँवपालिका अध्यक्ष कुशवाहा लागल स्थानियलोग बतवले बाडन ।

क्लब के भवन लगे गाँवपालिका अध्यक्ष कुशवाहा के भतिजा रामा कुशावाहा के जमिन भी रहल बा । क्लब के भवन निर्माण करे से पहिले उ जमिन रामा हि अतिक्रमण कईले रहलन ।

करिब १५ बरीस पहिले क्लब के सदस्यलोग भवन बनावे खातिर सार्वजनिक जमिन के खोजि कईले रहलन ।

गदियानी गाँव मे आउर कउनो जगहा मे कहुँ भी सार्वजनिक जमिन ना मिलला के बाद क्लब के युवा सदस्यलोग गाँव भेला करके उ सार्वजनिक जमिन मे क्लब के भवन बनावे के निर्णय कईले रहलन ।

भवन बनावे खातिर उ समय क्लब गाँव भेला के निर्णय मुताविक कार्य समिति के बईठक से निर्णय करके तत्कालिन गाँव विकास समिति के कार्यालय मे जमिन उपलब्ध करावे के माग कईले रहलन ।

ओकर कुछ समय के बाद ७ दलिय सर्वसहमत निर्णय मुताविक क्लब के भवन निर्माण के खातिर गदियानीस्थित पोखरा के आँट मे अतिक्रमण मे रहल १० धुर जमिन देहले रहे ।

उहे निर्णय आ गाविस के पत्र मुताविक ५ बरीस के बाद उ जमिन मे क्लब के भवन बनावल रहे । १० बरीस पहिले बनल भवन कुशवाहा गाँवपालिका अध्यक्ष मे जितला के बाद से भसकावे के प्रयास कईल क्लब के सदस्यलोग बतवले बाडन ।

उ भवन भसका के गापा अध्यक्ष कुशवाहा के भतिजा रामा के फेनु भोग चलन मे आवेके उद्देश्य मुताविक प्रयास सुरु कईल उलोग के कहनाम बा ।

गाँवपालिका अध्यक्ष आपन नजिक कुछ आदमीसब के साथ मे लेके शुक के दिने पुगल रहलन । उनकर पार्टी से जितल वार्ड अध्यक्ष सोनालाल चौरसिया आ पुलीस के साथ मे पुगल उनकर प्रयास स्थानियलोग असफल बनवलें ।

क्लब के भवन भसकावे खातिर गाँवपालिका अध्यक्ष आ वार्ड अध्यक्ष जेसीबी लेके आईल जानकारी भईला के बाद गाँववासीलोग विरोध मे उतरला के बाद उलोग के प्रयास असफल भईल ।

गाँवबासी भवन तुरे ना देवे खातिर बिरोध मे उतरला के बाद कुछ देर तनाव भी भईल रहे । तनाव के झडप मे परिणत होखे ना देवे खातिर पुलीस छलफल के खातिर दुनु पक्ष के बईठवले रहे ।

बईठक से गाँवपालिका अध्यक्ष कुशवाहा आ वार्ड अध्यक्ष चौरसिया के अडान पुरा ना भईला के बाद उलोग बाहर निकलल रहलन ।

क्लब के कार्यालय संचालन रहल भवन भसकावे खातिर जिल्ला अदालत से सर्वाेच अदाल तक मुद्दा भी चलल रहे ।

सार्वजनिक जमिन मे बनावल भवन मे संस्था के कार्यालय संचालन करे नइखे देवेके त गाँव कार्यपालिका के बईठक से निर्णय करके आउर कुछ संचालन करे सकेके क्लब के कोषाध्यक्ष सदाम हुसेन बतवनी ।

भवन के धर्मशाला भा पशु अस्पताल बनावे सकेके स्थानियलोग सुझाव देहले बाडन ।

चन्दा संकलन करके स्थानिय युवालोग से बनावल संरचना कउनो भी हालत मे भसकावे ना देवेके स्थानिय अहमद राउत गद्दी बतवनी ।

गाँव कार्यपालिका सदस्य रामशिष यादव क्लब के भवन भसकावे खातिर कार्यापालिका से कउनो किसिम के निर्णय ना भईल बतवनी ।

उ समाजिक संस्था के भवन भसकावे खातिर कार्यपालिका के बईठक से निर्णय होखे ना सकि ।

भवन भसकावे के गाँवपालिका अध्यक्ष आ वार्ड अध्यक्ष के व्यक्तिगत निर्णय हो सकेके उनकर कहनाम रहे ।

ई बिषय मे गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत जयचन्द्र साह से फुन मे सम्पर्न करेके खोजजला पर उनका से सम्पर्क होखे ना सकल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।