पर्सा मे आजु तीन जगहा मे बिओपि स्थापना

मेघराज राय
जीराभवानी २३ कातिक
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ ब्रम्हानगर मे आजु सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल के बोर्डर आउट पोष्ट(बिओपी) स्थापना कईल बा ।
एकरा से पहिले पर्सा मे १० गो बिओपी रहला मे ब्रम्हानगर मे सशस्त्र पुलीस के ११ वाँ बिओपी स्थापना भईल बा ।
बिओपी उदघाटन कतर सशस्त्र छिन्नमस्ता बाहिनी महोत्तरी के बाहिनीपति सशस्त्र प्रहरी नायव महानिरीक्षक (डिआइजी) कृष्णभक्त ब्रम्हाचार्य सीमा क्षेत्र मे होखेवाला लागुपदार्थ ओसारपसार, चेलीबेटी बेचबिखन, अवैध चोरीपैठारी नियन्त्रण करके शान्ति सुरक्षा स्थापना करे खातिर बिओपी स्थापना से सहजोग पुगावे के बतवनी ।
सशस्त्र पुलीस जनता के दैनिक समस्या के व्यावहारिक हिसाब से देखेके बतावत सशस्त्र प्रहरी के शान्ति सुरक्षा मे सहजोग करे खातिर स्थानीय से निहोरा कइनी ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि डिआईजी ब्रम्हाचार्य स्थानीय जनता के दुःख ना देवे खातिर आ नागरिक हित के प्राथमिकता मे राख के काम करेके भी मातहत के सशस्त्र प्रहरी के निर्देशन देहनी ।
खुल्ला सीमाना के चलते अवैध चोरी तस्करी, वन पैदावार के तस्करी, चेलीबेटी बेचविखन, लागुऔषध ओसारपसार हाथहथियार ओसारपसार, लुटपाट, सीमा अतिक्रमण सीमा अपराध तथा सीमा विवाद जईसन गहन समस्यासब देखल गईला के चलते बिओपी स्थापना करेके पडल उनकर कहनाम रहे ।
एहितरे बिओपी उदघाटन कार्जक्रम के सम्बोधन करत पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आसमान तामाङ सुरक्षा राज्य के सब से महत्त्वपूर्ण पक्ष भईल बतावत बिओपी स्थापना से सिमावर्ती ठोरी के सिमा क्षेत्र आ शान्ति सुरक्षा के अवस्था मजबुत होखेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि भी रहल उ राज्य मे रहल विकृति आ विसंगति हटावे सकेके क्षमता हि सुरक्षा अङग के वर्दी मे होखेवाला भईला से बिओपी स्थापना से ठोरी क्षेत्र मे होखेवाला सिमा अपराध, तस्करी अवैध धन्दा नियन्त्रण होखेके आ सभ्य समाज निर्माण होखेके विचार व्यक्त कइनी ।
एहितरे दोसर विशिष्ट अतिथि भी रहल ठोरी गापा अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ सशस्त्र प्रहरी जनता के हित के खातिर भईल उल्लेख करत बिओपी स्थापना से सिमावर्ती क्षेत्र के स्थानीय के सास्ती होखेके भ्रम ना राखे खातिर निहोरा कइनी ।
कार्जक्रम मे जिल्ला समन्वय समिति के उपसभापति ठाकुर प्रसाद न्यौपाने, पर्सा के सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक राजेन्द्र खड्का, नेपाली सेना के गणपति मदनजंग राणा, ठोरी के ५ गो वार्ड के वडाध्यक्षसब लगायत स्थानीय संघसंस्था के प्रतिनिधिलोग के भी उपस्थिति रहल रहे ।
एतवार के दिने स्थापना भईल बोर्डर आउट पोष्ट मे सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक धर्मेन्द्र सिंह भण्डारी के कमाण्ड मे २५ जने के टोली के खटावल गईल बा ।
एकरा सँगे भारत सँगे के सीमा जुडल ठोरी गापा मे मात्र सशस्त्र प्रहरी के बिओपी संख्या ३ पुगल बा । एकरा से पहिले ठोरी २ आ ५ मे सशस्त्र बिओपी स्थापना भईल बा ।
सरकार बितल बरीस अगहन ३० मे हि ब्रम्हानगर मे बिओपी स्थापना करेके निर्णय भईला पर भी जमिन आ भवन लगायत के व्यवस्था ना भईला से बिओपी स्थापना मे देरी भईल रहे ।
स्थानीय मान बहादुर श्रेष्ठ आ मान कुमारी श्रेष्ठ बिओपी स्थापना के खातिर नेपाल भारत सिमा क्षेत्र से करीब ७ सय मिटर उत्तर ओरी पडेवाला ढुङ्गे बजार क्षेत्र मे १÷१ कट्ठा जमिन दान कईले बाडन आ अपुग जमिन स्थानीय जनप्रतिनिधी से समन्वय करके सार्वजनिक जमिन उपभोग करेके सशस्त्र प्रहरी बल जनवले बा ।
अभी सशस्त्र प्रहरी के मिलल जमिन मे भवन ना भईला से वार्ड ३ मे रहल सामुदायिक भवन मे हि तत्काल के खातिर बिओपी स्थापना कईल बा ।
ब्रम्हानगर मे स्थापना भईल बिओपी ठोरी गापा वार्ड ३ मे पडेवाला करीब ८ किलोमिटर लम्बाई के सिमा क्षेत्र मे रेखदेख करेके सशस्त्र पुलीस जानकारी देहले बा ।
एहितरे आजु हि जीराभवानी गापा–१ मे सशस्त्र पुलीस के १२ वाँ बिओपी स्थापना कईल बा ।
साथे छिपहरमाई गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १ के मिर्जापुर मे भी सशस्त्र पुलीस के १३ आँ बि ओ पि स्थापना भईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।
जिराभवानी गाँवपालिका के जिरभवानी मन्दिर के सार्वजनिक भवन मे उदघाटन कईल बा ।
उदघाटन कार्जक्रम मे जिराभवानी गाँवपालिका अध्यक्ष रामपृत महतो, उपाध्यक्ष उषा देवि थरुनी, वार्ड अध्यक्ष सेख नुमान आजम, संविधान सभासदस्य जैप्रकाश थारु, पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष अनुप तिवारी लगायत स्थानीय भद्रभलादमी लगायत के सहभागीता रहल रहे





