वीरगंज के ट्राफिक व्यवस्थापन मे महानगर के प्रयास अपर्याप्त

वीरगंज २४ कातिक
वीरगंज के ट्राफिक तथा बजार व्यवस्थापन के खातिर जनप्रतिनिधि आ महानगर के सक्रियता जरुरी रहला मे सरोकारवाला जोड देहले बाडन ।
ट्राफिक भा प्रहरी मात्र के सक्रियता से महानगरपालिका के ट्राफिक व्यवस्थापन ना होखेके उलोग के तर्क बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा सामुदायिक प्रहरी साझेदारी कार्जक्रम अन्र्तगत वीरगंज के ट्राफिक तथा बजार व्यवस्थापन के बारे मे छलफल कार्जक्रम आयोजना कईले रहे ।
छलफल मे सहभागी सामुदायिक सेवा केन्द्र, अनेकन संघ संस्था के प्रतिनिधिलोग महानगरपालिका से लियावल नीति भी कार्यान्वयन करे ना सकल बतवनी ।
दीपावली तथा छठ पर्व लक्षित बजार भी व्यवस्थित बनावे खातिर पूर्वतईयारी जरुरी रहल उलोग के कहनाम बा ।
हरेक बरीस दीपावली, छठ लगायत के पर्व मे वीरगंज के घण्टाघर, माईस्थान क्षेत्र के सडक मे बजार लागेला ।
व्यवस्थित वीरगंज अभियान के संयोजक दिलीपराज कार्की सडक तथा बजार व्यवस्थापन के खातिर महानगरपालिका के जनप्रतिनीधि तथा जिम्मेवारी मिलल कर्मचारीलोग जागरुक होखेके बात मे जोड देहनी ।
वीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाई एक दोसर के दोषारोपण ना करके सभी सरोकारवाला एक होके काम करेके बतवनी । अकलेश साह निरन्तर दवाव ना देहला पर समस्या फेनु दोहोरेके बतवनी ।
‘सडक मे मछरी बेंचल सुरु करेलन, हमनी जाके हटावेनी माकिर फेनु बिहान भईला बेंचल सुरु करेलन ।’ कहत उ, ‘निरन्तर दवाव देवेके देखल गईल बा ।’
सडक मे लगावल गईल सिक्री हटावे के, बाइक पार्किङ के खातिर जगहा के व्यवस्थाप होखेके सडक मे पईसा लेके दोकान राखे देवे खातिर बन्द करेके, फुटपाथ खाली राखेके, सडक मे बजार लगावे के ना होखेमे सरोकारवाला एकमत देखल गईल बा ।
सामुदायिक सेवा केन्द्र के प्रतिनीधिलोग जनशक्ति कम भईला के चलते सोचल मुताविक के काम करे ना सकल बतवले बाडन ।
वीरगंज–१६ स्थित नयाँ बसपार्क, वार्ड नं ९ स्थित लाल बंगला अगाडि के खाली जमिन, वार्ड नं १० आदर्शनगर स्थित पुराना बसपार्क आ वार्ड नं ३ स्थित मालपोत कार्यालय जाएवाला रास्ता के उत्तर ओरी खाली जमिन सःशुल्क पार्किङ के खातिर छुट्यावल गईल बा ।
पार्किङ ठेक्का मे लेके ठेकदार शुल्क भी उठा रहल बाडन । माकिर ओकरा के व्यवस्थित करे खातिर खासे चासो ना देहल आरोप भी सरोकारवाला लगवले बाडन ।
जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी निरीक्षक कमलराज पण्डित सर्वसाधरण मे तोकल गईल जगहा मे पार्किङ ना करेके, सडक मे ठेला लगाके व्यपार करेके, प्रयाप्त पार्किङ स्थल के कमी, भईल पार्किङ स्थल के भी व्यवस्थित ना बनईला पर समस्या भईल बतवनी ।
‘अटोसब के अलगे रुट देहल गईल बा, मुख्य सडक मे जाम के समस्या त हटल बा माकिर अव्यवस्थित पार्किङ के समस्या यथावत बा,’ कहत उ, ‘ट्राफिक तथा प्रहरी जके हटईला पर क्लियर होखेला । ना त अस्त व्यस्त हालत होखी ।’
प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त सर्वसाधरण तथा व्यापारीसब कम्र्फट जोन से बाहर जाएके ना खोजला के चलते वीरगंज ट्राफिक आ बजार व्यवस्थित होखे ना सकल बतवनी ।
‘छोटा छोटा सकड बा, व्यापार उहें करेके पडि, सवारी उहें राखेके पडि ।
आदमी के चलेके पडबे कईल,’ कहत उ ‘महानगरपालिका पईसा उठावे मे मात्र सीमित बा, नागरिक समाज मौन बाडन । ट्राफिक आ पुलीस मात्र का कर सकत बाडन ?’
दीपावली आ छठ मे मात्र ना होके कउनो भी समय मे सडक मे बजार लगावे के पक्ष मे खुद ना रहल उ बतवनी ।
दिनभर व्यापार करके रात मे प्याकिङ कईल प्लाष्टिकसब सडक मे छिटेके प्रवृत्ति व्यापारी मे देखल गईल बतावत उ महानगरपालिका चाहला पर पकडके कारबाही के दायरा मे लियावे खातिर पुलीस सहजोग करेके बतवनी ।






