क्राइम शाखा आ क्यू.आर.टी टोली के बदमासी, सर्वसाधारण पिडित, सम्बन्धित निकाय मौन

वीरगंज २४ कातिक

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के घुमुवा के रूप मे परिचित २ जने सहित टाइगर टोलि कहल जाएवाला क्यू.आर.टी. टोलि के प्रमुख सहित दर्जनो घुमुवा परिचालन भईल बाडन ।

सर्वसाधारण आदमी पडोसी शहर रक्सौल से आपन घरायसी सामान लिअईला पर उलोग पईसा माँग के आतंकित बनवले बाडन ।

माकिर उहे शहर से तस्करी के लाखो के सामान अईला पर बिना कउनो रोकटोक नजराना बुझा के सहजे आ रहल बाडन ।

तस्करी के पईसा उठावत अईला के लचते नाम बदनाम भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के क्राईम शाखा के प्रहरी हवलदार खुशीलाल यादव आ प्रहरी जवान पियम्बर अंसारी उपरला निकाय के निर्देशन मे जिल्ला के घुमुवा मे यथावत रहल समाचार स्रोत के दाबी रहल बा ।
अञ्चल प्रहरी कार्यालय नारायणी रहल समय मे हि घुमुवा मे रहत आईल प्रहरी हवलदार यादव आ प्रहरी जवान अन्सारी तस्करी के रोपेया उठावत आईल रहलन ।

तत्कालीन आइजिपी सर्बेन्द्र खनाल के भी घुमुवा रहल समय बारा आ पर्सा जिल्ला के सीमा नाका से पईसा उठावे के जिम्मेवारी मिलल रहे ।

उ समय से हि जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के घुमुवा मे यथावत रहल बाडन ।

उलोग से खटावल मुताविक बारा, पर्सा आ रौतहट से पईसा उठावत चन्दा आतंक मचावे मे सफल भईल रहलन ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के क्राइम शाखा मे कार्यरत प्रहरी हवलदार यादव आ प्रहरी जवान अन्सारी बितल समय मे भी तस्करी के साटघाट राखल बिषय मे अनेकन सञ्चार माध्यम से उजागर भी कईले रहे ।

माकिर अभी के समय मे कुछ तस्कर के ठेकेदार आ खुद के वरिष्ठ मानेवाला कुछ भ्रष्ट तस्करी के बिचौलिया के सहजोग मे प्रहरी निरीक्षक रबि भुसन यादव आ प्रहरी नायब निरीक्षक प्रकाश रावत के भी क्राइम शाखा के जिम्मेवारी से हटावे मे सफल भईल पुलीस स्रोत जनवले बा ।

एने प्रहरी नायब निरीक्षक रावत क्राइम शाखा से जिम्मेवारी मुक्त होखे मातर प्रहरी हवलदार यादव क्यू.आर.टी.के प्रहरी हवलदार देवदत्त कुशवाहा के माध्यम से लाखो रोपेया तस्कर संगठन से बुझल जनावल गईल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के क्राईम शाखा के सभी कर्मचारी हटला पर भी हवलदार यादव आ जवान अन्सारी पईसा के चलखेल के चलते हि उलोग अभी उहे शाखा मे यथावत रहल पुलीस स्रोत जनवले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल क्यू.आर.टी. टोलि के प्रमुख प्रहरी हवलदार देवदत्त कुशवाहा बीरगंज महानगरपालिका के बिरगंज भन्सार क्षेत्र सहित ग्रामिण भेग तक तस्कर संगठन से क्राइम टोलि के अन्सारी आ यादव के नाम मे लाखो रोपेया नजराना बुझल प्रमाण मिलल बा ।

उपरला निकाय के आर्शिवाद मिलला के बाद खुद के केहु क्राइम शाखा से हटावे ना सकेके कहत तस्कर संगठन से मोटा नजराना बुझल बतावल गईल बा ।

प्रहरी संगठन मे हि नाम बदनाम भईल प्रहरी हवलदार यादव, प्रहरी हवलदार देवदत्त कुश्वाहा आ प्रहरी जवान अन्सारी सहित के टोलि उपर उपरला निकाय के ध्यान गईल बहुते जरुरी देखल गईल बा, ना त पर्सा पुलीस के नाम बदनाम ना होखी कहल ना जा सकता ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।