अध्यक्ष चौरसिया कइनी डायमण्ड टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट के उदघाटन

राजन कुमार बानिया

पोखरिया २५ कातिक

पर्सा के पकहामैनपुर गाँवपालिका के वार्ड नं ५ सबैठवा के खेल मैदान मे आजु एगो कार्जक्रम के डायमण्ड टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट प्रतियोगिता सुरु भईल बा ।

कार्जक्रम के उदघाटन प्रमुख अतिथि पकहामैनपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष बिजय चौरसिया खेल मैदान मे पुग के फिता काट के उदघाटन कईले रहनी ।

उदघाटन कार्जक्रम के सम्बोधन करत संघिय सरकार मधेश के खेलाडीलोग सँगे भेदभाव कर रहल आ खेलाडीलोग के उत्साहित बनावे के बदले लंगडा बनावे के खेल खेल रहल आरोप लगवनी ।

केन्द्र सरकार खेल आ खेलाडीलोग मे लगानी ना कईला के कारण लोप होखेके संकेत देखल गईल बतवनी ।

खेलाडीलोग के उत्साहित आ रोजगार बनावे खातिर खेलाडीलोग के जागिर के ब्यवस्था मिलावल जरुरी रहल बतवनी ।

ई खेलाडीलोग बिहान के दिन मे देश बिदेश मे जाके गाँव, देश के नाम उजागर करहिन आ देश चलावे खातिर आजु के युवालोग के जरुरत रहल बतवनी ।

गाँवपालिका मे अनेकन किसिम के खेलकुद करे खातिर निहोरा करत खेल क्षेत्र मे सकेभर सहजोग करेके प्रतिबद्धता भी जनवनी ।

समाजसेवी भक्त बहादुर क्षेत्री के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष बृजमोहन तिवारी, मदन साह कानु, कांग्रेस के नेता नसरुलाह मियाँ, जसपा के नेता रामबाबु चौरसिया, अलताफ हुसेन लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

उदघाटन के बाद सबैठवा आ धोबिनी बिच भईल खेल मे सबैठवा पहिले बैटिंङ्ग करके १६ ओभर ९ बिकेट मे १०४ रन बनवले रहे आ धोबिनी १४ ओभर सात बिकेट गुमाके १०८ बनाके जित हासिल कईले रहे ।

आजु के खेल मे मैन अफ दी मैच धोबिनी के सुनिल पटेल भईल रहनी । बिहान के खेल बहुअर्वा आ भारत के सिकटा, दुसरका खेल श्रीसिया आ महुवन बिच होखेके आयोजक समिति जनवले बा ।

डायमण्ड टि–२० क्रिकेट टुनामेन्ट खेल गाँवपालिका के सहजोग मे हो रहल आयोजक समिति जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।