बारा मे सवारी दुर्घटना मे पर के २ जने के मृत्यु

बारा २५ कातिक
बारा मे सवारी दुर्घटना मे पर के दु जने के मृत्यु भईल बा आ एक जने गम्भीर घायल भईल बाडन ।
करैयामाई गाँवपालिका–३ गालोपटी के २२ बरीस के सन्देश साह तेली आ रौतहट मनहर्वा रहेवाला २८ बरीस के मायाराम महतो के मृत्यु भईल बा ।
अलग अलग सवारी दुर्घटना मे पर के उलोग के मृत्यु भईल आ लास पोष्टमार्टम के खातिर कलैया अस्पताल मे पठावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
दुर्घटना मे पर के करैयामाई–३ बजनी के २३ बरीस के अरमान हवारी गम्भीर घायल भईल बाडन । उनकर वीरगंज स्थित एलएस न्युरो अस्पताल मे ईलाज हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।
सोमार के रात १२ः४० बजे बारा पचरौता नगरपालिका–९ स्थित नहर के रास्ता मे पश्चिम से पूर्व ओरी जा रहल नम्बर ना खुलल मोटरसाइकल दुर्घटना मे पडल रहे ।
अनियन्त्रित होके मोटरसाइकल तियर नदी मे गिर के चालक मायाराम के घटना स्थल मे हि मृत्यु भईल रहे ।
महागढीमाई नगरपालिका–९ कन्चनपुर ससुराली से सिम्रौनगढ जा रहल उ गन्तव्य मे ना पुगला के बाद खोजी सुरु कईल रहे । खोजत गईला पर तियर नदी मे लास मिलल रहे ।
सोमार के रात पौने १० बजे पिपरा से तेतरिया जा रहल ना २२ प ६८५४ नं.के मोटरसाइकल करैयामाई गाँवपलिका–५ तेतरियास्थित पक्की पुल मे ठोकाईल रहे ।
मोटरसाइकल मे सवार दु जने पुल के निचे पानी मे गिरल रहलन । उलोग के तत्काल उद्दार करके ईलाज के खातिर कलैया अस्पताल पुगावल गईल रहे ।
दुर्घटना मे गम्भीर घायल भईल करैया गाँवपालिका–३ गालोपटी रहेवाला २२ बरीस के सन्देश साह तेली के कलैया अस्पताल मे ईलाज के समय मे १०ः५५ बजे मृत्यु भईल रहे ।
दोसर गम्भीर घायल करैयामाई गाँवपालिका–३ बजनी रहेवाला २३ बरीस के अरमान हवारी के एलएस न्युरो अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा ।





