सामाजिक लेखाजोखा तथा शहर स्तरीय आवास व्यवस्थापन विषयक विचार गोष्ठी

प्रभु यादव
बारा २५ कातिक
लुमन्ति आवाशको लागि सहयोज समूह कलैया के आयोजना तथा माइजेरियर के.जेड.ई. के सहजोग मे आजु कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नं. ५ मे रहल बरेवा दरबार होटेल एण्ड व्याङ्क्विट के सभाहल मे सामाजिक लेखाजोखा तथा शहर स्तरीय आवास व्यवस्थापन विषयक विचार गोष्ठी पुरा भईल बा ।
सिमान्तकृत परिवारसब के खातिर सामाजिक रुपान्तरण के खातिर एकिकृत सामुदायिक सुधार कार्जक्रम कहके मुल नारा के साथ भईल उ कार्जक्रम कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादव के प्रमुख आतिथ्यता तथा लुमन्ति आवाशको लागि सहयोग समूह कलैया के कार्जक्रम संयोजक अब्दुल कैश के अध्यक्षता मे भईल रहे ।
कार्जक्रम मे लुमन्ति वितल ३ बरीस मे कईल सभी कामसब के विवरण प्रस्तुत कईले रहे ।
३ बरीस के समय मे लुमन्ति अनेकन सहजोग जुटाके १५३ गो घरसब बनावल विवरण भी प्रस्तुत कईल रहे ।
एहितरे अनेकन योजनासब प्रस्तुतीकरण तथा आगामी फेज मे करेवाला कामसबके बारेमे छलफल कईल रहे ।
कार्जक्रम मे बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपक राज नेपाल, शहरी सामुदायिक कोष के सदस्य एवम् समाजसेवी सुरेश मोदक, कलैया उपमहानगरपालिका के योजना अधिकृत मुस्ताक अंसारी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
कार्जक्रम मे दिप शिखा महिला बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड के अध्यक्ष रामरती देवि पासवान, कलैया उपमहानगरपालिका के अनेकन वार्ड के अध्यक्ष, सदस्य लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






