जमिन के बिवाद भईला से तरकारी बाली नोकसान

प्रभु यादव
बारा २७ कातिक
जमिन के सिमान के विवाद भईल खातिर मध्यरात मे बगल के लोग ७ लाख रोपेया से बेसी के तरकारी बाली नोक्सान कईल विरुद्ध पुलीस मे उजुरी देहल गईल बा ।
प्रहरी उजुरी दर्ता ना करेके कहला पर पिडित किसान गर्भिलाल यादव सिकायत कईले बानी । जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ११ सिसनिया के किसान यादव के फुलाए लागरहल टमाटर के झार आ रोपेला भईल फुल कोभि के बिया वियफे के रात मे काट के आ उखाड के फेक देहल गईल बा ।
पिडीत यादव के कहनाम अनुसार वियफे के गाँवके रामलाल यादव के लडका सुनिल यादव सँगे खेत मे आली सिमान खातिर सामान्य विवाद भईल रहे ।
उहे विवाद के लेके रात मे बालि नष्ट कईल गईल यादव जनकारी करावले बानी ।
तीन कठ्ठा मे लागावल गईल तीन हजार फुलाईल टमाटर के झार एक हजार पाँच सय काटल गईल बा यादव कहत दुःख सुनवले बानी ।
छव कठ्ठा मे लगावे खातिर तयारी हालत मे रहल करिब छव हजार कोभि के बियाँ उखार के विग देहले बा पिडित यादव बतावले बानी ।
टमाटर आ कोभि के बियाँ नोक्सान भईला से करिब सात लाख रोपेया नोक्सानी भईल यादव बतावले बानी ।
पिडित कहना अनुसार रात के करिब १० बजे ओर खेत देखे गईल समय मे झगडिया सुनिल मिलल रहल । उ समय मे सब खेत मे ठिक रहल रहे । सबेरे खेत मे पुगला पर नोक्सान भईल रहल ।
मेल्चीङ् प्रविधि से लगावल गईल टमाटर कुछ समय सेही उत्पादन देवेवाला रहल रहे अपराधी बर्वाद कर देहलख ।
करिब १० बरीस अगाडि से नियमित तरकारी खेतीसँगे किसान के अगुअई करत आईल गर्भिलाल के बालि नष्ट कर के गल्ती कईले बा स्थानिय सन्तोष यादव बतावले बानी ।
तरकारी खेती सेही छव जने के परिवार के गुजारा चलावत आईल पिडित यादव आपना उपर अन्याय भईल सिकाईत कईनी ।
ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा आरोपीत सुनिल यादव समेत आपन परिवार के सदस्य लोग के गर्भीलाल यादव के परिवार कुटपिट कईले बा कहत उजुरी देहले बाडन ।
हमर माई के मरणासन्न कर के पिटपाट कईले बाडन, बालि नष्ट कर के अभियोग हमरा के लगावले बा आरोप मे सत्यता ना भईल निवेदन मे लिखल गईल बा ।
दुनु पक्ष से आपने अन्याय मे पडल कहत उजुरी आईल प्रहरी अनुसन्धान कईले ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के प्रहरी निरिक्षक राजकिशोर साह बतावले । स्थानिय प्रहरी चौकी फत्तेपुर से घटना के मुचुल्का तयार करे खातिर कहले बानी ।
प्रहरी अनुसन्धान सहित घटना के वास्तविक मुचुलका के आधार मे छलफल करा के दुनुपक्ष के अगुवा के खातिर बलवले बानी कहके बतवनी ।






