५ महिना के बाद तलब खाएके मिलला से जिराभवानी गाँवपालिका के कर्मचारीलोग खुसी

मेघराज राय
जीराभवानी २८ कातिक
बितल ५ महिना से तलब भत्ता ना मिलल जिराभवानी गाँवपालिका के कर्मचारीलोग दिपावली मे तलव मिलला पर खुसी भईल बाडन ।
जिराभवानी गाँवपालिका के आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के गाँवसभा होखे ना सकला के बाद गाँवपालिका के कर्मचारीलोग बितल ५ महिना से तलब ना मिले सकल रहे ।
देश के सबसे बडका चाड दशहरा के खातिर सरकार से देवेवाला दशहरा खर्च भी कर्मचारीलोग के मिले ना सकल रहे ।
जिराभवानी गाँवपालिका के अध्यक्ष रामपृत महतो आ प्रशासकीय अधिकृत शिवचन्द्र ठाकुर के बिषेश पहल मे कर्मचारीलोग के दिपावली मे तलब मिलल बा ।
प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत ठाकुर आ अध्यक्ष महतो के बिषेश पहल मे गाँवसभा पुरा भईल तथा कर्मचारीलोग के तलब के खातिर ४ करोड ५७ लाख रोपेया निकासा देहल भिराभवानी गाँवपालिका के कार्यालय जनवले बा ।
गाँव सभा पुरा भईला के बाद चाडबाड के समय मे कर्मचारीलोगके तत्काल तलब देवेके व्यावस्था मिलावल गाँवपालिका अध्यक्ष रामपृत महतो बतवनी । कर्मचारीलोग के चाडवाड के समय मे भादो से बैशाख तक करिब ५ महिना तलब लेवेमे बहुते समस्या भईल रहे ।
तत्कालिन गाँवपालिका के प्रशासकीय अधिकृत कुलोतम पोखरेल के अवकास होखेके समय के निश्कृयता के चलते गाँवपालिका के सभी आर्थिक, प्रशासनिक तथा विकास निर्माण के काम प्रभावित बनल जनप्रतिनिधिलोग के कहनाम रहल बा ।
अब छठ पर्व ओराए लागल गाँवपालिका के सभी काम तथा विकास के क्रियाकलाप से भी गति लेवेके गापा के का अध्यक्ष महतो के कहनाम रहल बा ।






