छठ के अवसर मे व्रतालुलोग के सासंद यादव लुगा बँटनी

वीरगंज ०३ अगहन,
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव आउर बरीस जइसन ई बरीस भी छठ ब्रतालुलोग के लुगा बँटले बानी ।
छठ पर्व के अवसर मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ नगवा शिव मन्दिर आ शिव टोल मे एगो कार्जक्रम के बिच छठ ब्रतालुलोग के लुगा बँटले बानी ।
श्यामबाबु चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सांसद प्रदीप यादव करिब २५० ब्रतालुलोग के लुगा बँटले बानी ।
कार्जक्रम मे सांसद यादव नेपालीलोग के महान एवं पवित्र छठ पर्व के अवसर मे आर्थिक रुप से विपन्न परिवार के आपन व्यक्तिगत सेवा सुबिधा से लुगा बाँटल आ आवेवाला दिन मे भी एकरा के निरन्तरा देवेके बतवनी ।
कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी के ईकाई अध्यक्ष अरुण यादव, ईकाई उपाध्यक्ष सेख अब्दुल, स्थानीय नेता अशोक साह, समाजवादी युवा संघ के केन्द्रीय सचिव सरोज यादव लगायत के सहभागीता रहल जनावल गईल बा ।






